नीतीश सरकार अपराधी के बचावे के काम करतिया, चाचा पेपर से खेले में माहिर हवे: तेजस्वी

नीतीश सरकार अपराधी के बचावे के काम करतिया, चाचा पेपर से खेले में माहिर हवे: तेजस्वी

बिहार विधानसभा के कार्यवाही स्थगित होखला के बाद नेता प्रतिक्ष तेजस्वी यादव पत्रकारन से बातचीत करत सरकार प विपक्ष के आवाज दबावे के आरोप लगवले। तेजस्वी कहले कि कानून व्यवस्था अवुरी मुजफ्फरपुर शेल्टर होम मामला से जुड़ल विपक्ष के कार्यस्थगन प्रस्ताव के महत्व नईखे दिहल जात। उ कहले कि नेता प्रतिपक्ष(तेजस्वी यादव) के माइक बंद क दिहल जाता। नीतीश जी आपके तानाशाही ना चली।

तेजस्वी यादव आरोप लगवले कि बिहार सरकार पूरा तरह से अपराधी के बचावे के काम करतिया। तेजस्वी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प ताना मारत कहले कि हमनी के चाचा(नीतीश कुमार) पेपर से खेले में माहिर हवे। उ कहले कि विपक्ष के मांग प सीबीआई शेल्टर होम मामला में केस दर्ज कईलस।

उ सवाल उठावत पूछले कि पूर्व मंत्री मंजू वर्मा कवन चलते पकड़ईली। बाकी मंत्री कहां गईले। तोंद वाला मंत्री कहां गईले। मधुबनी वाली बच्ची कहां गईल।

तेजस्वी आगे कहले कि सरकार ओ मंत्री के नाम के खुलासा करे जे आपन नम्बर बदल चुकल बाड़े। शेल्टर होम के मालिक के खिलाफ आजतक कवन कार्रवाई भईल। बाकी शेल्टर होम मामला में का होखता। उ सृजन घोटाला के चर्चा करत कहले कि ए मामला में मुख्यमंत्री लगातार चुप्पी सधले बाड़े।

दुनों भाई तेजस्वी यादव अवुरी तेजप्रताप यादव मीडिया के सोझा एक संगे अईले अवुरी आरोप लगवले कि ए समूचा मामला में सीबीआई के अधिकारी के तबादला से जुड़ल राजनीतिक दबाव रहे। तेजस्वी कहले कि सीबीआई के दुरूपयोग कईल जाता।

विपक्ष के कहनाम बा कि सरकार जदी सीबीआई के जांच में सहयोग करी त बालिका गृह कांड में शामिल बहुते बड़का नाम सोझा आई। आखिर सुप्रीम कोर्ट के इ काहें कहे के पड़ता कि सरकार जांच में सहयोग नईखे करत। जदी विपक्ष सीबीआई जांच के मांग ना कईले रहीत त सरकार चुपचाप बईठल रहीत।

बिहार विधानमंडल के बजट सत्र के चउथा दिन गुरुवार के भी विपक्ष मुजफ्फरपुर बालिका गृह मामला प सरकार के खिलाफ सदन के भीतर अवुरी बहरी जम के नाराबाजी कईलस। विपक्ष आरोप लगवलस कि सरकार बालिका गृह मामला में शामिल दोषी के बचावतिया।

  • Share on:
Loading...