बिहार महागठबंधन में घमासान, मांझी के मांग कांग्रेस के बरोबर!

बिहार महागठबंधन में घमासान, मांझी के मांग कांग्रेस के बरोबर!

बिहार में विपक्षी दल के महागठबंधन में सबकुछ ठीक-ठाक चलत देखाई नईखे देत। हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा (हम) के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी गुरुवार के महागठबंधन के नेता के हड़कावत गठबंधन धर्म के पालन करे के सलाह देले। उ कहले कि हम पार्टी के कांग्रेस से अधिका सीट मिले के चाही।

महागठबंधन में शामिल हम के प्रमुख जीतन राम मांझी गुरुवार के एक बेर फिर सम्मानजनक सीट के मांग के दोहरावत कहले कि हम पार्टी के कांग्रेस से अधिका सीट मिले के चाही। जदी अयीसन ना भईल त पार्टी राज्य के 20 लोकसभा सीट प आपन उम्मीदवार उतारी।

हम पार्टी के अध्यक्ष जीतन राम मांझी गुरुवार के जिलाध्यक्ष के संगे पटना में बैठक कईले। बैठक के बाद उ कहले कि बैठक में फैसला भईल कि कवनो हालात में राष्ट्रीय जनता दल(राजद) के छोड़ के महागठबंधन के बाकी सहयोगी से कम सीट प पार्टी चुनाव ना लड़ी।

खबर के मुताबिक मांझी कहले कि, कांग्रेस, राष्ट्रीय लोक समता पार्टी (रालोसपा), विकासशील इंसान पार्टी अवुरी शरद यादव के पार्टी से अधिका सीट चाही नाही त उनुकर पार्टी हम 20 सीट प अकेले चुनाव लड़ी। उ कहले कि भलही उनुकर पार्टी राष्ट्रीय पार्टी नईखे लेकिन बिहार में हम पार्टी के जनाधार राष्ट्रीय पार्टी(कांग्रेस) से कम नईखे।

हालांकि, जीतन राम मांझी मीडिया से बात करत कहले कि महागठबंधन में सीट बंटवारा से जुड़ल तेजस्वी यादव से बात होखता, लेकिन जब तक लालू प्रसाद यादव के ओर से मंजूरी नईखे मिलत, ओकरा के अंतिम फैसला नईखे समझल जा सकत। लालू प्रसाद यादव के अंतिम फैसला के बादे सीट के बंटवारा होखे पाई। उ कहले कि सीट बंटवारा खाती हम जल्दिए राजद अध्यक्ष लालू यादव से मिले खाती रांची रिम्‍स जाईब।

  • Share on:
Loading...