ममता सत्ता ना घोटाला बचावे खाती बेचैन बाड़ी, विरोध के विकल्प होखेला, ईर्ष्या के ना

ममता सत्ता ना घोटाला बचावे खाती बेचैन बाड़ी, विरोध के विकल्प होखेला, ईर्ष्या के ना

भारतीय जनता पार्टी(भाजपा) के फायर ब्रांड नेता अवुरी केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी प निशाना साधत कहले कि ममता बनर्जी अपना सत्ता खाती ना बलुक घोटाला के बचावे खाती बेचैन बाड़ी। चिटफंड घोटाला मामला प मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के निशाना प लेत गिरिराज सिंह कहले कि चौकीदार(प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी) के डर से समूचा चोर इक्कठा होखतारे। ममता बनर्जी अपना सत्ता खाती ना बालुक घोटाला के बचावे खाती बेचैन बाड़ी लेकिन सीबीआई के जांच अवुरी गिरफ्तारी से उनुका के केहु बचा नईखे सकत।

गिरिराज सिंह आगे कहले कि ममता के चिंता बा कि घोटाला में फंसीहे अवुरी उनुका संगे आवेवाला सभे लोग के इहे चिंता सतावता। ममता सत्ता खाती ना बालुक घोटाला के बचावे खाती बेचैन बाड़ी। उ 25 लाख लोग के पईसा लूटले अवुरी खईले बाड़ी, लेकिन ए मामला के सीबीआई जांच होई अवुरी दोषी जेल जईहे।

समाजवादी पार्टी के संरक्षक अवुरी सांसद मुलायम सिंह यादव के बयान प गिरिराज कहले कि सदन के भीतर मुलायम सिंह सबसे वरिष्ठ नेता हवे। उ राजनीति के बहुते साल देखले बाड़े। उ सच्चाई के संगे मतदाता के नब्ज के बहुते निमन से पहचानेले, ए चलते उ प्रधनामंत्री नरेंद्र मोदी के संगे-संगे सभके आशीर्वाद देले।

मालूम रहे कि बुधवार के लोकसभा में सपा नेता मुलायम सिंह अपना बयान में नरेंद्र मोदी के दोबारा प्रधानमंत्री बने के इच्छा जतवले रहले। संसद के बजट सत्र के आखिरी दिन मुलायम सिंह यादव लोकसभा में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के तारीफ कईले। उ कहले कि, "हम उम्मेद करतानी कि समूचा माननीय सदस्य जीत के दोबारा आवस। प्रधानमंत्री सभके संगे लेके चलस। आप (नरेंद्र मोदी) फिर प्रधानमंत्री बनस इहे हमार कामना बा।"

मुलायम सिंह यादव के ओर से लोकसभा में प्रधानमंत्री मोदी के दोबारा प्रधानमंत्री बने के इच्छा जतावे प कई दल अवुरी नेता उनुका (मुलायम सिंह) याद राखे के शक्ति प सवाल उठावे शुरू क देले। अयीसन करेवाली पार्टी अवुरी नेता प जदयू के वरिष्ठ नेता केसी त्यागी ताना मारत कहले कि जवन लोग गैर कांग्रेसवाद के नाम प अस्तित्व में अईले, ओकरा में से कतने अब कांग्रेस के गोदी में बईठ गईले।

केसी त्यागी कहले कि मुलायम सिंह पूरा होश हवास में बयान देले बाड़े। उ कहले कि मुलायम सिंह गैर कांग्रेसी राजनीति के उपज हवे। 1967 में उ गैर कांग्रेसवाद के जनक लोहिया के पड़ोसी सीट प लड़ले। उ ताना मारत आगे कहले कि राजद के जन्म गैर कांग्रेसवाद के कोख से भईल, लेकिन हालात कांग्रेस के करीब ला देलस। शरद यादव के उपज अवुरी राजनीतिक जीवन के शुरुआत गैर कांग्रेसवाद से भईल।

जदयू के वरिष्ठ नेता केसी त्यागी कहले कि बिहार के राजनीतिक दल, निजी ईर्ष्या से ग्रस्त बाड़े। विरोध के विकल्प होखेला, लेकिन ईर्ष्या के ना। नीतीश कुमार स्वच्छ प्रशासन अवुरी स्वच्छ छवि से जनता में हमदर्दी पैदा कईले बाड़े, लेकिन राजनीति में बहुते विरोधी जमा हो गईल बाड़े।

  • Share on:
Loading...