पुलवामा हमला प भाजपा-राजद नेता आपस में भिड़ले, एक दोसरा के देख लेवे के धमकी देले!

पुलवामा हमला प भाजपा-राजद नेता आपस में भिड़ले, एक दोसरा के देख लेवे के धमकी देले!

जम्मू-कश्मीर के पुलवामा में भईल आतंकी हमला प बिहार विधानमंडल के बजट सत्र के आज(शुक्रवार) पांचवा दिन सत्ताधारी भाजपा के कद्दावर नेता अवुरी पथ निर्माण मंत्री नंद किशोर यादव अवुरी बिहार के प्रमुख विपक्षी पार्टी राजद के मुख्य प्रवक्ता सह विधायक भाई वीरेंद्र आपस में भिड़ गईले।

जानकारी के मुताबिक बिहार विधान मंडल के बजट सत्र के दौरान आज दुनों नेता के बीच सदन के भीतर जम के तू-तू मैं-मैं भईल। दुनों नेता के बीच बात अतना बढ़ गईल कि एक दोसरा के बहरी देख लेवे के बात तक कह देले। दरअसल पुलवामा आतंकी हमला में करीब 42 जवान के शहादत प राजद के मांग रहे कि शोक प्रस्ताव के बाद सदन के कार्यवाही आज स्थगित क दिहल जाए।

नंद किशोर कहले कि, विपक्ष हरेक मुद्दा प सदन के हाईजैक कईल चाहतिया। सदन के हाईजेक करे के कोशिश ना होखे के चाही। सदन के हाईजेक कईल बर्दाश्त ना कईल जाई। उ कहले कि, "शहादत के मुद्दा प श्रद्धांजलि देवे के सदन में कार्यवाई चलत रहे, ओकरो प राजद राजनीति शुरू क देलस, ए चलते हम राजद विधायक के रोकले रही अवुरी उ हमरा से भिड़ गईले।"

सदन से बहरी निकलला के बाद भाई वीरेंद्र कहले कि, "नंदकिशोर यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के हाइजेक कईल चाहतारे अवुरी सदन में विपक्ष के सदस्य के दबावे आ अपमानित करे के कोशिश करतारे। आज जवन भईल उ बहुत गलत भईल लेकिन पथ निर्माण मंत्री आपन दबंगई कईल चाहतारे।"

भाई वीरेंद्र कहले कि उ (नंदकिशोर यादव) हमरा के सदन के बहरी देख लेवे तक के धमकी देले। मुख्यमंत्री चाहे अध्यक्ष हमरा के बईठे खाती बोलते त हम बईठ जईती, लेकिन केहु के धमकी हम बर्दाश्त नईखी क सकत।

  • Share on:
Loading...