सड़क दुर्घटना में एकही परिवार के 2 लोग के मौत, तीन के हालत गंभीर

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में सड़क दुर्घटना में दु लोग के दर्दनाक मौत हो गईल अवुरी करीब छव लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले, जवना में तीन के हालत गंभीर बनल बा। तीनों घाही के इलाज खाती पटना पीएमसीएच में भर्ती करावल गईल। एक संगे दु लोग के मौत से गाँव में मातम पसर गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, सीवान जिला के दरौली थाना क्षेत्र के टोकाटारी बाजार के नजदीक के बतावल जाता। खबर के मुताबिक कुछ लोग ट्रैक्टर प सवार होके दाह संस्कार खाती दरौली घाट जात रहले, एही बीच पीछे से तेजी से आवत एगो ट्रक जोरदार टक्कर मार देलस।

ए दुर्घटना में दु लोग के जगहे प मौत हो गईल, जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। घाही के इलाज खाती तुरंत अस्पताल में भर्ती करावल गईल जहां से गंभीर हालत के देखत डॉक्टर पटना पीएमसीएच रेफर क देले।

बतावल जाता कि दरौली थाना क्षेत्र के गोसोपाली निवासी एक आदमी के दाह संस्कार खाती गांव के कुछ लोग दरौली घाट ले जात रहले। एही बीच बेकाबू ट्रक पीछे से ट्रैक्टर में जोरदार टक्कर मार देलस। मरेवाला के नाम कुंदन अवुरी पृथ्वी बतावल जाता। दुनो मरेवाला एकही परिवार के रहले। एक संगे परिवार के दु लोग के मौत से परिवार समेत गांव में मातम पसर गईल।

  • Share on:
Loading...