जमीन के विवाद में बेरहमी बाप अपना बेटा के गोली मार के हत्या क देलस

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में एगो निर्दयी बाप अपना बेटा के गोली मार के हत्या क देलस। ए मामला में पाँच लोग के नामजद आरोपी बनावल गईल। पुलिस तुरंत कार्रवाई करत एक आरोपी के गिरफ्तार क लेलस।

जानकारी के मुताबिक, बिहार के सहरसा जिला के सोनवर्षा थाना क्षेत्र में जमीन के विवाद में एगो पिता अपना खुद के बेटा के गोली मार के जान ले लेलस।

खबर के मुताबिक, शाहपुर गांव के लालू टोला निवासी मंतोष यादव दु गो बियाह कईले रहले। उनुका (मंतोष यादव) पहिली पत्नी से एगो बेटा दिलखुश कुमार (17 साल) से बहुत दिन से जमीन खाती विवाद चलत रहे। विवाद के बाद दिलखुश अपना बाप से अलग होके आपन दादा फूलेश्वर यादव अवुरी चाचा संतोष यादव के संगे रहत रहले।

बतावल जाता कि शनिवार के रात में दिलखुश आपन चाचा संतोष यादव के संगे घर के बहरी सुतल रहले, जहां रात में पिता मंतोष यादव अपना कुछ साथी संगे पहुंच के दिलखुश के गोली मार के मौका से फरार हो गईले। गोली लागे से दिलखुश के जगहे प मौत हो गईल।

सोनवर्षा थाना प्रभारी सुमन कुमार के बतवला मुताबिक मरेवाला के दादा फूलेश्वर के बयान प सोनवर्षा थाना में हत्या के प्राथमिकी दर्ज क लिहल बा, जवना में मंतोष अवुरी उनुकर पत्नी समेत पांच लोग के नामजद आरोपी बनावल बा।

थाना प्रभारी बतवले कि पुलिस तुरंत कार्रवाई करत एगो आरोपी के गिरफ्तार क लेलस। फिलहाल पुलिस समूचा मामला के छानबीन करत बाकी आरोपी के गिरफ्तारी खाती छापामारी करतिया।

  • Share on:
Loading...