कीर्ति आजाद भाजपा के कमल छोड़ कांग्रेस के हाथ थमले

कीर्ति आजाद भाजपा के कमल छोड़ कांग्रेस के हाथ थमले

भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) से निलंबित सांसद कीर्ति आजाद कांग्रेस के हाथ थाम लिहले। कीर्ति आजाद सोमवार के कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी से उनुका आवास प मुलाकात कईले अवुरी पार्टी के सदस्यता ग्रहण कईले।

दरअसल, कीर्ति आजाद के कांग्रेस के सदस्यता पछिला शुक्रवार के लेवे के रहे, लेकिन जम्मू-कश्मीर के पुलवामा में आतंकी हमला के बाद उ ए तारीख के आगे बढ़ावत 18 फरवरी के कांग्रेस में शामिल होखे के घोषणा कईल रहले। ए बात के जानकारी खुद आजाद ट्वीट क देले रहले।

सोमवार के कांग्रेस में शामिल होखला के बाद कीर्ति आजाद ट्वीट में लिखले कि, "आज सबेरे कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री राहुल गांधी जी हमरा के कांग्रेस के सदस्यता ग्रहण करवले। हम मिथिला के परंपरा में उनुका के मखाना के माला, पाग (टोपी), चादर से सम्मानित कईनी।"

मालूम रहे कि कीर्ति आजाद दरभंगा से सांसद बाड़े। उ तीन बेर से दरभंगा के सांसद बनत रहल बाड़े। उनुका के पार्टी (भाजपा) कुछ दिन पहिले पार्टी से निकाल देले रहे, जेकरा बाद से मानल जात रहे कि उ कांग्रेस के हाथ थाम सकतारे। आखिरकार सोमवार के आजाद कमल छोड़ कांग्रेस के हाथ थाम लिहले।

  • Share on:
Loading...