दु गाड़ी के बीच भईल भीषण टक्कर में 4 मजदूर के जगहे प मौत, 9 के हालत गंभीर

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में भीषण सड़क दुर्घटना में 4 लोग के जगहे प मौत हो गईल अवुरी करीब 9 लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। सभे घाही के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल। सभे मरेवाला आ घाही मजदूर बतावल जातारे।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक बिहार के मुंगेर जिला के खड़गपुर गंगटा थाना क्षेत्र के सवा लाख बाबा स्थान के भीरी एगो बेकाबू ट्रक मजदूर से भरल एगो गाड़ी में जोरदार टक्कर मार देलस।

बतावल जाता कि सोमवार के रात में करीब साढ़े 11 बजे क्षेत्र के खाजेचक के रहेवाला सभे मजदूर जमुई जिला के लक्ष्मीपुर से ढलईया के काम कईला के बाद सवारी गाड़ी से अपना-अपना घरे आवत रहले।

एही बीच रास्ता में खड़गपुर-जमुई सड़क प गंगटा जंगल के सवा लाख बाबा स्थान के नजदीक एगो ट्रक सवारी गाड़ी में पीछे से जोरदार धक्का मार देलस। ए इस दुर्घटना में चार मजदूर के जगहे प मौत हो गईल, जबकि 9 मजदूर गंभीर रूप से घाही हो गईले।

दुर्घटना में घाही सभे मजदूर के इलाज खाती खड़गपुर अनुमंडल अस्पताल में भर्ती करावल गईल। मरेवाला में संजय मांझी, श्याम मांझी, करीमन मांझी आ मुन्ना मांझी शामिल बाड़े। सभे मरेवाला खाजेचक के रहेवाला रहले।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस लाश के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। ए घटना के पुष्टि करत गंगटा थानाध्यक्ष नीरज कुमार ठाकुर बतवले कि दुर्घटना में चार लोग के जगहे प मौत हो गईल अवुरी 9 घाही के इलाज खाती खड़गपुर अस्पताल भेज दिहल बा।

  • Share on:
Loading...