दलित के गोड़ छूए से ना विकास करे से वोट मिलेला, लालू निहन तेजस्वी जेल गईल चाहतारे

दलित के गोड़ छूए से ना विकास करे से वोट मिलेला, लालू निहन तेजस्वी जेल गईल चाहतारे

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी राजद प जम के हमला बोलले। लालू प्रसाद यादव के बिना नाम लिहले मोदी कहले कि जवन लोग बिहार में 15 साल तक शासन कईल, ओकरा कार्यकाल में सबसे अधिका दलित प अत्याचार भईल। उ कहले कि सबसे अधिका दलित समुदाय के लोग के हत्या उहे लोग(राजद) के शासन के दौरान भईल।

सुशील मोदी बिहार भाजपा के महादलित प्रकोष्ठ के ओर से संत शिरोमणी रविदास के 642वीं जयंती प कांग्रेस पार्टी प हमला बोलत कहले कि दलित के हत्या खाती कांग्रेस ओतने दोषी बिया, काहेकि 15 साल के शासन में इहो (कांग्रेस) ओ पार्टी(राजद) संगे रहे।

उपमुख्यमंत्री दलित समाज के लोग के याद दिआवत कहले कि राजद के शासनकाल में सबसे अधिका नरसंहार भईल।

ए दौरान सुशील मोदी लक्ष्मणपुर बाथे नरसंहार के चर्चा करत कहले कि साल 1997 में राजद के कार्यकाल में दलित समाज के 58 लोग के लाइन में खड़ा क के गोली मार के हत्या क दिहल रहे। मोदी कहले कि सिर्फ दलित के गोड़ (पैर) छूए से वोट ना मिले। वोट खाती विकास करे के पड़ेला।

जनता दल यूनाइटेड (जदयू) प्रवक्ता नीरज कुमार राजद आ नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव प निशाना साधत कहले कि राजद एगो परिवारिक पार्टी ह। परिवार के एकहु सदस्य दुनों सदन में से कवनो ना कवनो में पहुंच जाले त पार्टी के लोग उनुकर मौजूदगी मान लेले। उ कहले कि तेजस्वी यादव सोना के चम्मच लेके पैदा भईल बाड़े।

नीरज कुमार कहले कि तेजस्वी यादव अनुकंपा के राजनीति करतारे। पिछड़ल के राजनीति करेवाला लोग उनुका (पिछड़ल) बारे में नईखे सोचत, सिर्फ अपना बारे में सोचता। धन के दुरुपयोग के मामला में लालू प्रसाद यादव होटवार जेल में बंद बाड़े। तेजस्वी यादव ठीक ओसही जेल गईल चाहतारे।

राजद के लोग के मुताबिक तेजस्वी यादव लगातार दिल्ली में बाड़े। राजद नेता भाई वीरेंद्र सफाई देत कहले कि तेजस्वी यादव सिर्फ विरोधी दल के नेता ना हवे, बालुक पार्टी के बड़का नेता हवे, संगठन के काम तक देखतारे अवुरी एही चलते उ जादे व्यस्त बाड़े। ओइसे बजट सत्र में त राजद के समूचा लोग मौजूद बाड़े।

  • Share on:
Loading...