लाश लेके बिहार आवत एंबुलेंस डिवाइडर से टकराईल, सात के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

लाश लेके बिहार आवत एंबुलेंस रास्ता में डिवाइडर से टकरइला के बाद पलट गईल जवना से एंबुलेंस में सवार पाँच लोग समेत 7 के मौत हो गईल। अवुरी चार लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। सभे घाही के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

जानकारी के मुताबिक, जम्मू-कश्मीर के पुलवामा में आतंकी हमला के दौरान धमाका से निर्माणाधीन बिल्डिंग से गिर के घाही होखला के बाद चलत इलाज के दौरान बिहार के अरवल जिला के राजमिस्त्री जहीर अंसारी के मौत हो गईल।

मरेवाला राजमिस्त्री जहीर अंसारी के लाश लेके बिहार आवत एंबुलेंस यमुना एक्सप्रेसवे प मंगलवार के डिवाइडर के तुरत कार से टकरा गईल। ए भीषण सड़क दुर्घटना में सात लोग के मौत हो गईल, जबकि चार लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले।

बतावल जाता कि बिहार के अरवल जिला के अरवल थाना क्षेत्र के गंगानगर गांव के रहेवाला जहीर अंसारी जम्मू में राजमिस्त्री के काम करत रहले। 14 फरवरी के धमाका के दौरान निर्माणाधीन बिल्डिंग से गिर के उ गंभीर रूप से घाही हो गईले, जेकरा के जम्मू के सरकारी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। जहां से जादे तबीयत खराब होखे प परिवार एंबुलेंस से चंडीगढ़ ले जात रहले, एही बीच रास्ता में जहीर अंसारी के मौत हो गईल।

राजमिस्त्री जहीर अंसारी के मौत के बाद परिवार ओहि एंबुलेंस से लाश लेके सोमवार के रात में दिल्ली में रहत जहीर के साढू़ सोहेल अंसारी के घर पहुंचले। जहां से मंगलवार के सबेरे बिहार अपना घरे आवे खाती निकल गईले। एंबुलेंस में मरेवाला के पत्नी आसमां खातून, बेटा रिजवान, छोट भाई मो. ताहिर, साढ़़ू सोहेल ऊनुकर पत्नी गुलशन आरा, उनुकर दु बेटा आ साला अवुरी चाचा नसरुद्दीन सवार हो गईले।

यमुना एक्सप्रेसवे प मंगलवार के सबेरे करीब सात बजे एंबुलेंस डिवाइडर से टकरईला के बाद कार में जाके भीड़ गईल। जवना से कार सवार तीन लोग घाही हो गईले। जबकि एंबुलेंस सवार पांच लोग के जगहे प मौत हो गईल। घाही कार सवार के अस्पताल में इलाज के दौरान दु लोग के मौत हो गईल।

  • Share on:
Loading...