जब देश शहीद के टुकड़ा चुनत रहे, तब प्रधानमंत्री मोदी शूटिंग में व्यस्त रहले: कांग्रेस

जब देश शहीद के टुकड़ा चुनत रहे, तब प्रधानमंत्री मोदी शूटिंग में व्यस्त रहले: कांग्रेस

पुलवामा हमला प कांग्रेस प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी केंद्र सरकार प हमला बोलत कहलस कि जब देश शहीद के टुकड़ा चुनत रहे, तब प्रधानमंत्री नौका विहार करत रहले। कांग्रेस कहलस कि भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के अध्यक्ष अमित शाह अपना रैली में पुलवामा हमला प राजनीति करे से पीछे ना रहले अवुरी भाजपा शहीद के अपमान करत रहे।

कांग्रेस प्रवक्ता रणदीप सिंह सुरजेवाला गुरुवार के प्रेस कांफ्रेंस क आरोप लगवले कि पुलवामा हमला के बाद जब पूरा देश गम में डूबल रहे अवुरी शहीद के श्रद्धांजलि देत रहे ओ समय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जिम कॉर्बेट पार्क में फिल्म के शूटिंग में व्यस्त रहले। उ सवाल उठावत पूछले कि 44 जवान के शहादत के बाद का देश में एक दिन के राष्ट्रीय शोक घोषित ना हो सकत रहे?

जवान के शहादत प राष्ट्रीय शोक के घोषणा ना होखे प मोदी सरकार के आलोचना करत रणदीप सुरजेवाला कहले, ''आतंकी हमला के प्रधानमंत्री मोदी राष्ट्रीय शोक के घोषणा ना कईले, काहेंकि सरकारी पईसा से होखे वाला राजनीतिक सभा रुक ना जाए। समूचा देश के चूल्हा शोक में बुताइल रहे अवुरी प्रधानमंत्री गुरुवार के चाय-नास्ता के आनंद लेत रहले। इहे ह देश के प्रधानमंत्री के असली वास्तविकता। एकरा से अधिका शर्मनाक व्यवहार कवनो प्रधानमंत्री के नईखे हो सकत।"

सुरजेवाला आगे कहले कि, ''मोदी जी त समय प बयान तक ना देले। दिनभर कॉर्बेट पार्क के भ्रमण करत रहले अवुरी चुनाव प्रचार के शूटिंग करत रहले। देश हमनी के शहीद के टुकड़ा चुनत रहे अवुरी प्रधानमंत्री मोदी आपन नारा लगवावत रहले। इ हम ना बालुक पत्रकार तस्वीर के संगे लिखतारे।''

कांग्रेस नेता कहले कि जब शहीद के लाश हवाई अड्डा प रहे, तब झांसी के कार्यक्रम से प्रधानमंत्री मोदी एक घंटा देरी से अईले। तबो पहिले अपना घरे गईले सीधे हवाई अड्डा ना अईले। प्रधानमंत्री मोदी के मंत्री शहीद के लाश के संगे सेल्फी लेतारे।

  • Share on:
Loading...