सौतन के हत्या, आरोप में सौतन समेत चार अपराधी गिरफ्तार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के कांटी के नरसंडा गांव में पछिला 28 जनवरी के रात में किरण देवी नाम के महिला के हत्या के साजिश के आखिरकार खुलासा हो गईल। डीएसपी पश्चिमी कृष्ण मुरारी प्रसाद के नेतृत्व में गठित विशेष पुलिस टीम हत्याकांड के खुलासा कईलस। विशेष टीम कॉन्ट्रैक्ट किलर, सौतन संगीता देवी समेत चार अपराधी के गिरफ्तार क लेलस।

एसएसपी मनोज कुमार के बतवला मुताबिक, अहियापुर थाना क्षेत्र के रहेवाला वीरेंद्र सहनी के किरण देवी दोसरकी पत्नी रही। वीरेंद्र सहनी आपन पहिली पत्नी संगीता देवी के नाम से एगो स्कॉर्पियो खरीदले रहले। ओकरा बाद दोसरकी पत्नी किरण देवी पति से अपना नाम से गाड़ी खरीदवावल चाहत रही।

ए बीच वीरेंद्र सहनी के अपना हिस्सा के कुछ जमीन किरण के नाम से करे के तैयारी के बारे में संगीता (पहली पत्नी) के लाग गईल। जवना चलते संगीता देवी अपराधी मंजूर आलम के संगे मिल के आपन सौतन किरण के हत्या के योजना बनवली।

वीरेंद्र सहनी के पहिली पत्नी संगीता देवी सौतन किरण देवी के हत्या खाती एक लाख 20 हजार में कॉन्ट्रैक्ट किलर मंजूर आलम आ बाकी लोग के संगे मिल के तय कईले रही। एकरा खाती 20 हजार रुपया पहिले दे दिहल रहे।

बतावल जाता कि हत्या से पहिले अपराधी कुछ दिन तक किरण देवी के घर के रेकी कईले रहले। नरसंडा गांव के दक्षिण पूरब रोड से सटल कन्हाई साह के दु मंज़िला मकान में किराया प कमरा लेके अपना बच्चा संगे रहत किरण देवी के हत्या करे खाती अपराधी 28 जनवरी के रात में पहुंचले। मकान के आगे सीसीटीवी कैरा लागल रहल के चलते सभे पीछे के ओर से बांस के सीढ़ी के मदद से घर में घुस गईले अवुरी अपना बच्चा के लेके घर में सुतल किरण देवी के गोली मार के हत्या क देले। जेकरा बाद पुलिस मामला के छानबीन करत सबूत के आधार प चार आरोपित के गिरफ्तार क लेलस।

जानकारी के मुताबिक वीरेंद्र सहनी के दोसरकी पत्नी किरण देवी के तीन बच्चा बाड़े। उ ताड़ी के दुकान प बईठत रही। खाए-पीए के दौरान वीरेंद्र सहनी के किरण देवी के संगे नजदीकी बढ़े लागल अवुरी कुछ दिन बाद दुनों बियाह क लिहले।

किरण से बियाह के बाद वीरेंद्र पहिली पत्नी संगीता के छोड़ के किरण के संगे कलकाता में रहे लगले। चार साल बाद उ कलकाता से आइल रहले। ओकरा बाद किरण के किराया के मकान में राख देले। धीरे-धीरे दुनों पत्नी के अपना भरोसा में लिहला के बाद एक संगे रहे लगले। लेकिन संगीता के आपन सौतन मंजूर ना रहे अवुरी मंजूर आलम से मिल के किरण देवी के हत्या करवा देली। ए मामला में पुलिस संगीता देवी अवुरी मंजूर आलम समेत चार लोग के गिरफ्तार क लेलस।

  • Share on:
Loading...