बारात में नाच के दौरान फायरिंग, गोली लागे से नर्तकी के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के सहरसा जिला में आइल बारात में नाच के दौरान गोली चले से एगो नर्तकी के जान चल गईल। घटना के बाद बारात में भगदड़ मच गईल। नाइट क्वीन नाम के ए आर्केस्ट्रा खाती रोहतास जिला मुख्यालय के मुफस्सिल थाना क्षेत्र के अमरी टोला निवासी आकृति सिंह(मधु) नाचत रही।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक सहरसा जिला के सोनवर्षा राज थाना क्षेत्र के विराटपुर गांव में आशीष कुमार सिंह के बहीन के बियाह रहे। बारात में आईल आर्केस्ट्रा में मधु आर्केस्ट्रा पार्टी के मुख्य डांसर रही।

बतावल जाता कि बुधवार के आइल बारात में डांस कार्यक्रम शुरू होखला के कुछ घंटा तक पुलिस मौका प मौजूद रहे अवुरी सबकुछ नियंत्रण में रहल। लेकिन आधा रात बितला के बाद माहौल बदल गईल। पुलिस के उहाँ से जाते लोग नशा में धुत्त होके गोली चलावे लगले।

आर्केस्ट्रा खाती काम करेवाला जावेद आलम बतवले कि पुलिस के जाते लोग शराब के नशा में धुत्त होके झूमे लगले। बारात में नाच देखत कतने लोग अयीसन रहले जेकरा हाथ में हथियार रहे। एक के बाद एक लोग लगातार हवा में गोली चलावे लगले। गोली चले से आर्केस्ट्रा के लोग डेराइल रहले, लेकिन उनुका लगे कार्यक्रम जारी राखे के अलावे कवनों दोसर चारा ना बाचल रहे।

गोलीबारी के दौरान मधु लोग के फरमाइश के मुताबिक डांस करत रही। कुछ लोग मंच प चढ़ के नर्तकी मधु प पईसा फेंके लगले। मंच प नर्तकी नाचत रही अवुरी उहाँ खड़ा लोग फायरिंग करत रहले।

ए बीच एक गोली मधु के सिर में जाके लाग गईल। गोली लगते मधु मंच प गिर गईली। नर्तकी के गोली लगते भगदड़ मच गईल। मधु के इलाज खाती आर्केस्ट्रा के लोग केहु तारे अस्पताल लेके गईले। जहां इलाज के दौरान गुरुवार के सबेरे उनुकर मौत हो गईल।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया।

  • Share on:
Loading...