नीतीश सरकार के महाजंगलराज कहेवाला तनिका लालू-राबड़ी के राज के याद क लेस त रोंगटा खड़ा हो जाई: जदयू

नीतीश सरकार के महाजंगलराज कहेवाला तनिका लालू-राबड़ी के राज के याद क लेस त रोंगटा खड़ा हो जाई: जदयू

बिहार के मोकामा में शेल्टर होम से लईकिन के भागे अवुरी बिहार में व्यापारी प होखत जानलेवा हमला प राजद नीतीश सरकार हमला बोललस। पार्टी बिहार में कानून-व्यवस्था प सवाल खड़ा करत कहलस कि राज्य में महाजंगलराज आ गईल बा। इहां ना लईकी सुरक्षित बाड़ी अवुरी नाही आम जनता।

राजद प्रवक्ता भाई वीरेंद्र नीतीश सरकार प ताना मारत सवाल उठवले कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बतावस कि बिहार में कानून के राज कहां बा? हरेक दिन व्यापारी, नेता अवुरी आमलोग मारल जातारे, तबहु सुशासन के दावा कईल जाता।

राजद नेता कहले कि बिहार शेल्टर होम में लईकी सुरक्षित नईखी अवुरी राज्य में आम नागरिक सुरक्षित नईखे। उ कहले कि राज्य में सुशासन ना बालुक महाजंगलराज आ गईल बा।

राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा आ पूर्व स्वास्थ्य मंत्री तेजप्रताप यादव बिहार के नीतीश सरकार प हमला बोलत कहले की महिला खाती इ सरकार कवनो हाल में संवेदनशील नईखे। नीतीश सरकार नारी सशक्तिकरण के बड़का-बड़का दावा त करतिया लेकिन सरकार के कथनी अवुरी करनी में बहुते अंतर बा।

राजद के सवाल प पलटवार करत जदयू कहलस कि ए शासन में अपराधी कवनो कीमत प बाच नईखे सकत काहे कि राज्य में कानून के राज बा।

जदयू प्रवक्ता संजय सिंह कहले कि नीतीश सरकार के महाजंगलराज कहेवाला लोग तनिका लालू-राबड़ी के राज के याद क लेस त रोंगटा खड़ा हो जाई। लेकिन नीतीश सरकार में अपराधी, अपराध क के बाच नईखे सकत।

संजय सिंह कहले कि व्यापारी के हत्या सरकार खाती चुनौती जरूर बा, लेकिन अपराधी कवनो हाल में बाचे ना पईहे। शेल्टर होम से भागल लईकिन के पुलिस बहुत कम समय में बरामद क लेलस। एकरा के कानून के राज कहल जाला। लेकिन विरोधी के इ कबहु समझ में ना आई।

हालांकि बिहार में बढ़त अपराध प जदयू के संगे सरकार में शामिल भाजपा चिंता जतवलस। पार्टी के विधायक मिथिलेश तिवारी मनले कि एक के बाद एक व्यापारी के हत्या सरकार अवुरी प्रशासन खाती चुनौती बा। हालांकि उ दावा कईले कि सरकार के अपना तंत्र प भरोसा बा कि उ अपराधी के कतहु से खोज निकाली।

जदयू के बचाव करत भाजपा कहलस कि विपक्ष शासन अवुरी तंत्र प सवाल मत उठावे अवुरी 15 साल के याद ताजा मत करे। डीजीपी रात भर काम करतारे। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सुशासन खाती जानल जाले। एकरा प केहु सवाल नईखे उठा सकत।

मोकामा शेल्टर होम से गायब लईकिन के मामला में समाज कल्याण मंत्री कृष्णनंदन वर्मा कहले कि हरेक तरह से सावधान रहला के बावजूद घटना होखल बहुते दुर्भाग्यपूर्ण बा। उ साफ कहले कि कवनो स्तर से कवनो कोताही ना होई। उ कहले कि आखिर लईकिन कईसे गायब हो गईली। कवन लोग दोषी बाड़े अवुरी एकर सच्चाई का बा, ए समूचा मामला प जांच होई अवुरी दोषी के छोड़ल ना जाई।

  • Share on:
Loading...