महतारी-बाप के कहला प प्रेमी से बियाह खाती पति के हत्या, आरोप में प्रेमी समेत 5 गिरफ्तार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में ऊख(गन्ना) के खेत से एगो लाश मिलला के बाद इलाका में सनसनी पसर गईल। ए मामला में पुलिस जांच पड़ताल करत मरेवाला के पत्नी आ ओकर प्रेमी समेत पाँच लोग के गिरफ्तार क जेल भेज देलस। संगही हत्या के आरोप में पुलिस मरेवाला के सास-ससुर के गिरफ्तार क लेलस।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, शनिवार के मधुबनी जिला के नगर थाना क्षेत्र के भिट्ठी शामौल के भीरी ऊख के खेत में लाश मिले के खबर मिलते मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेलस। लाश के पहचान होखला के बाद पुलिस तुरंत कार्रवाई करत मरेवाला के पत्नी से घटना के बारे में पूछताछ शुरू क देलस। पूछताछ में मरेवाला के पत्नी कल्पना देवी अपना पति के हत्या करवावे के बात कबूल क लेली, जेकरा बाद पुलिस कल्पना आ उनुका प्रेमी समेत पाँच लोग के गिरफ्तार क जेल भेज देलस।

मामला के खुलासा करत एसपी कामिनी बाला बतवली कि विस्फी थाना क्षेत्र के रहेवाला मरेवाला जिवछ पासवान के पिता गंगा पासवान पंडौल थाना में आपन बेटा(जिवछ पासवान) के गायब होखे के सूचना देले रहले। जेकरा बाद 22 फरवरी के भिट्‌टी के शामौल के लगे ऊख के खेत में एगो लाश पावल गईल, जेकरा पहचान गायब भईल जिवछ पासवान के रूप में भईल।

एएसपी सह प्रभारी कामिनी बाला बतवली कि पुलिस जांच में खुलासा भईल कि जीवक्ष पासवान के हत्या मफलर से गर्दन दबा के कईल बा अवुरी एकरा पीछे मरेवाला के पत्नी कल्पना देवी के हाथ बा।

जानकारी के मुताबिक पत्नी कल्पना18 फरवरी के फोन क पति जीवक्ष पासवान के सुनसान जगह प बोलवली अवुरी पहिले से घात लगा के बईठल कल्पना के प्रेमी आपन दोस्त के संगे मिल के जीवक्ष पासवान के गर्दन दबा के हत्या क देले अवुरी लाश के ऊख के खेत में फेंक के फरार हो गईले। करीब 5 दिन बाद शनिवार के ऊख काटे के दौरान खेत में लाश देखला के बाद इलाका में सनसनी पसर गईल।

पुलिस के मुताबिक, पंडौल थाना इलाका के घेघही गांव के रहेवाली दु बच्चा के महतारी कल्पना देवी के कौशल पासवान नाम के एगो आदमी से अवैध संबंध रहे अवुरी उ अपना प्रेमी से बियाह कईल चाहत रही। एही चलते उ अपना प्रेमी आ उनुकर दोस्त अखिलेश कुमार के संगे मिल के अपना पति के हत्या करवा देली।

इहां हैरान करेवाला बात बा कि ए घटना में मरेवाला के सास-ससुर तक शामिल रहले। कल्पना के माता-पिता खुद अपना बेटी के पति के हत्या के बाद बियाह करे के सलाह देले रहले। जेकरा बाद कल्पना आपन प्रेमी कौशल के संगे मिल के हत्या के साजिस रचली।

फिलहाल, पंडौल थाना पुलिस ए मामला में आरोपी पत्नी कल्पना देवी अवुरी आ उनुकर प्रेमी कौशल पासवान समेत पांच लोग के गिरफ्तार क जेल भेज देलस।

  • Share on:
Loading...