राहुल के चुरुआ भर पानी में डूब मरे के चाही, दलित के गोड़ धोवला के बाद मोदी के उ पानी पिअल चाहत रहे

राहुल के चुरुआ भर पानी में डूब मरे के चाही, दलित के गोड़ धोवला के बाद मोदी के उ पानी पिअल चाहत रहे

केंद्रीय कृषि मंत्री अवुरी भारतीय जनता पार्टी ( भाजपा) के नेता राधा मोहन सिंह कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष राहुल गांधी प निशाना साधत कहले कि कागज के पुर्जा प सरकार चलावे वाला विकास से जुड़ल अब सवाल पूछतारे। अयीसना लोग के सवाल पूछे के कवनो हक नईखे। उ कहले कि राहुल गांधी के चुरुआ (चुल्लू) भर पानी में डूब मरे के चाही।

राधा मोहन अल्पसंख्यक समाज के संबोधित करत कहले कि कवनो एक आदमी, समाज चाहे एक धर्म के विकास से देश के विकास संभव नईखे। एकरा खाती मोदी सरकार 'सबका साथ सबका विकास' के संगे आगे बढ़तिया।

केंद्रीय कृषि मंत्री सरकार के अल्पसंख्यक कल्याण विभाग के योजना के गिनावत कहले कि अल्पसंख्यक समुदाय के युवा के कौशल प्रशिक्षण खाती पूर्वी चम्पारण जिला में तीन केंद्र खोलल जाता। एकरा मोतिहारी नगर के हनुमानगढ़ी मोहल्ला में चार सौ युवा के प्रशिक्षण देवे वाला संस्था काम करे शुरू क देले बिया। जबकि एक सप्ताह के भीतर मेहसी अवुरी तुरकौलिया के सरिसवा गांव में केंद्र आपन काम करे शुरू क दिही। राधामोहन सिंह आगे कहले कि इहां प नव सौ युवा के प्रशिक्षित कईल जाई। संगही प्रशिक्षण के बाद रोजगार के व्यवस्था कईल जाई।

उहे, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओर से प्रयागराज में सफाईकर्मचारी के गोड़(पैर) धोए जाए प राजनीति तेज हो गईल। बिहार के पूर्व स्पीकर उदय नारायण चौधरी प्रधानमंत्री मोदी प हमला बोलत कहले कि देश के चौकीदार सिर्फ देखावा करे खाती पिछड़ल जाती के लोग के गोड़ धोवतारे।

उ कहले कि जब स्वच्छता के नाम प प्रधानमंत्री दलित महिला के गोड़ धोवले त उनुका ओ पानी के पिअल चाहत रहे। काहेकि इ हमनी के संस्कृति में बा। उदय नारायण चौधरी के मानल जाए त भारतीय संस्कृति में गोड़ धोवला के बाद ओकरा के पिअल जाला।

उदय नारायण प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प हमला बोलत कहले कि उ ए तरह के काम क के देश में धार्मिक उन्माद पैदा कईल चाहतारे। ओसहू मोदी जाति अवुरी धर्म के नाम प लोग के बांटे के काम करतारे।

  • Share on:
Loading...