पुलवामा हमला के बदला लेवे खाती ना बालुक चुनाव के देखत पीओके में सेना के कार्रवाई भईल!

पुलवामा हमला के बदला लेवे खाती ना बालुक चुनाव के देखत पीओके में सेना के कार्रवाई भईल!

पुलवामा हमला प वायु सेना के ओर से जवाबी कार्रवाई कईला के बाद राजनीतिक बयानबाजी शुरू हो गईल। कश्मीर के पुलवामा में आतंकी हमला में भारत के शहीद भईल जवान के बदला लेवे खाती भारत, पाकिस्तान अधिकृत कश्मीर (पीओके) में घुस के आतंकी ठेकाना के तबाह क देलस।

खबर के मुताबिक भारतीय वायुसेना मंगलवार के पुलवामा आतंकी हमला के बदला लेत पीओके में घुस के कतने आतंकी ठेकाना के तबाह क देलस। ए कार्रवाई के राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष शिवानंद तिवारी एकरा के राजनीतिक बतवले। उ कहले कि इ कार्रवाई पुलवामा हमला के बदला लेवे खाती ना बालुक इ कार्रवाई चुनाव के देखत होखता।

शिवानंद तिवारी कहले कि कश्मीर समस्या के समाधान तब तक नईखे हो सकत, जब तक कश्मीरी के संगे ना लिहल जाई। उ कहले कि पाकिस्तान के निर्माण त भारत के विरोध से भईल बा। ए जहर के ए स्ट्राइक से खत्म नईखे कईल जा सकत।

राजद नेता कहले कि पाकिस्तान कश्मीर के इस्तेमाल करता। सरकार कश्मीर के जब तक ठीक ना करी, कश्मीरी के भरोसा ना जीतल जाई, तब तक शांति कायम ना होई। उ कहले कि पुलवामा जईसन हमला होखत रही।

राजद नेता तेजस्वी यादव अपना ट्वीट में कहले कि 'हमनी के अपना पायलट अवुरी वायु सेना के बहादुरी के सलाम करतानी। हमनी के अपना सेना से धन्य अवुरी गौरवान्वित बानी। जय हिन्द।

लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा तेजप्रताप यादव देश के सैनिक के सलाम करत अपना ट्वीट में कहले कि, "आसमान के हमनी के बहादुर रक्षक के सलाम। इ आतंक के मुंह प एगो तमाचा बा। भारतीय वायु सेना साफ क देलस कि उ आतंक अवुरी ओकर संरक्षक के नष्ट क दिही। हम, रक्षा बल अवुरी सरकार के संगे खड़ा बानी। जय हिन्द।"

राजद विधायक विजय प्रकाश भारत के ए कार्रवाई के बारे में कहले कि आज सेना देश के आन, बान अवुरी शान के ना सिर्फ बरकरार रखलस बालुक पाकिस्तान के बता देलस कि भारत में कतना शक्ति बा।

जदयू के प्रवक्ता संजय सिंह कहले कि आज प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देखा देले कि उनुकर छाती 56 इंच के बा। उ कहले कि जैश-ए-मोहम्मद भारत के 42 जवान के कायराना तरीका से शहीद कईल रहे। लेकिन आज देश के बहादुर जवान पाकिस्तान में घुस के जैश के कैम्प के नेस्तनाबूत क देले।

  • Share on:
Loading...