बिहार में दिनदहाड़े 2 युवक के गोली मार के हत्या, तोड़फोड़ अवुरी पत्थराव

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में अपराध के घटना रुके के नाम नईखे लेत। अलग-अलग घटना में बेखौफ अपराधी पुलिस के चुनौती देत दु युवक के गोली मार के हत्या क देले। घटना से खिसियाइल लोग लाश के थाना के सोझा राख़ के हंगामा मचवले।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, राजधानी पटना के दानापुर इलाका में बेखौफ अपराधी दिनदहाड़े एगो युवक के गोली मार के हत्या क देले। मरेवाला के पहचान गैस एजेंसी के वेंडर कुंदन कुमार के तौर प भईल बा।

मामला दानापुर के गोला रोड इलाका के बतावल जाता। मरेवाला कुंदन कुमार गैस सिलेंडर के डिलीवरी के काम करत रहले। बतावल जाता कि बुधवार के सबेरे गैस गोदाम के भीरी उ गैस लेवे पहुंच रहले।

कुंदन जसही उहां से बहरी निकलले त पहिले से मौका के तलाश में लुकाइल अपराधी कुंदन के गोली मार देले। गोली के आवाज सुन के गोदाम से बहरी आईल गैस गोदाम के कर्मचारी खून से सनाइल कुंदन के अस्पताल में भर्ती करवले जहां उनुकर मौत हो गईल।

घटना के सूचना मिलते मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। फिलहाल दानापुर पुलिस मामला के जांच करत हत्या के कारण अवुरी हत्यारा के पता लगावे के कोशिश करतिया।

एगो दोसर घटना में वैशाली जिला के चांदपुरा सहायक थाना क्षेत्र में बुधवार के सबेरे एगो युवक के हत्या के बाद खिसियाइल गाँव के लोग जम के बवाल मचवले। खिसियाइल लोग पुलिस प जम के पथराव कईले। हंगामा के सूचना प कई थाना के पुलिस मौका प पहुंच गईल बिया।

जानकारी के मुताबिक, वैशाली जिला के सहदेई बुजुर्ग उपथाना के रसुलपुर हबीब निवासी अरविंद राय के बेटा मुन्ना कुमार के गोली मार के हत्या कईला के बाद अपराधी लाश के गांव के बांध के नजदीक फेंक के फरार हो गईले।

बुधवार के सबेरे लाश मिले के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल चांदपुरा थाना के पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खाती सदर अस्पताल ले जाए लागल। ए बीच लोग भड़क गईले पुलिस के मौका से खदेड़ देले।

बतावल जाता कि घटना से खिसियाइल लोग युवक के लाश के थाना के सोझा राख़ के हंगामा मचवले। हत्यारा के गिरफ्तारी के मांग खाती खिसियाइल लोग चांदपुरा उपथाना के घेराव करत तोड़फोड़ अवुरी पत्थरबाजी कईले।

खबर के मुताबिक पत्थरबाजी में चांदपुरा उपथाना अध्यक्ष मुकेश कुमार पुष्पेंद्र, एएसआई रंगलाल तिवारी समेत कई जवान के चोट लागल बा। लोग के भड़कल देख चांदपुरा उपथाना के पुलिस भाग गईल।

हंगामा के सूचना मिलते महनार एसडीपीओ के संगे-संगे महनार, देसरी, सहदेई समेत कई थाना के पुलिस मौका प पहुंच गईल बिया। पुलिस खिसियाइल लोग के समझावे के कोशिश में जुटल बिया।

  • Share on:
Loading...