भारत-पाक सीमा प घमासान मचल बा, प्रधानमंत्री मोदी आपन राजनीति चमकावे में लागल बाड़े: राजद

भारत-पाक सीमा प घमासान मचल बा, प्रधानमंत्री मोदी आपन राजनीति चमकावे में लागल बाड़े: राजद

राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष रघुवंश प्रसाद सिंह राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) के तीन मार्च के राजधानी पटना के गांधी मैदान में होखेवाला संकल्प रैली प निशाना सधले। उ कहले कि एक ओर आतंकवाद के खिलाफ भारत पकिस्तना सीमा प घमासान छिड़ल बा। जबकि दोसरा ओर एनडीए के ओर से रैली के आयोजन क राजनीति चमकावे के कोशिश कईल जाता।

रघुवंश प्रसाद सिंह प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प ताना मारत कहले कि देश के जवान सीमा प आतंकी के संगे जूझतारे। समूचा देश में युद्ध के माहौल बनल बा अवुरी उ (प्रधानमंत्री) रैली क पार्टी के पक्ष में माहौल बनावे में लागल बाड़े।

राजद नेता आगे कहले कि प्रधानमंत्री मोदी रैली के माध्यम से जनता के भटकावे के कोशिश करतारे। उ कहले कि देश सर्वोपरि बा जबकि राजनीति ओकरा से नीचे बा। रघुवंश प्रसाद कहले कि सीमा प हमनी के जवान लड़तारे अवुरी प्रधानमंत्री मोदी आपन पीठ थपथपावे के काम करतारे। उ कहले कि अबकी बेर भाजपा के कवनो हाल में हटावे के बा।

राजद नेता रघुवंश प्रसाद के मानल जाए मोदी जी 31 प्रतिशत वोट लेके सत्ता में बनल बाड़े। अयीसना में उनुका के हटावे खाती सभे दल के एक संगे आवे के पड़ी अवुरी बाकी के 69 प्रतिशत वोट के अपना ओर खींचे के पड़ी। उ कहले अबकी बेर हर हाल में भाजपा के सत्ता में आवे से रोके के बा।

एकरा से पहिले राजद तेजस्वी यादव के जहानाबाद में होखेवाला कार्यक्रम के स्थगित करे के संगही एनडीए से भी देशहित में तीन मार्च के संकल्प रैली के स्थगित करे के निहोरा कईलस। संगही कहलस कि देशहित में तीन मार्च के पटना के रैली के स्थगित क एनडीए के संवेदनशीलता के परिचय देवे के चाही।

  • Share on:
Loading...