जनादेश के अपमान करेवाला नीतीश के जनता मजबूती से जवाब दिही, संकल्प रैली में एनडीए के ताकत देखाई दिही

जनादेश के अपमान करेवाला नीतीश के जनता मजबूती से जवाब दिही, संकल्प रैली में एनडीए के ताकत देखाई दिही

लोकतांत्रिक जनता दल (लोजद) के प्रमुख अवुरी पूर्व केंद्रीय मंत्री शरद यादव 3 मार्च के पटना में एनडीए के होखे वाला संकल्प रैली प भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) अवुरी जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के सरकार प बरियार हमला बोलले।

हाजीपुर में पत्रकारन से बात करत शरद यादव कहले कि पछिला विधानसभा चुनाव में जनता जवना लोग के विपक्ष में बईठे के आदेश देले रहे, ओकरा संगे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मिल के सरकार बना लिहले। अब अयीसना में जनता के सोझा जनादेश के ईमान के सवाल बन गईल बा।

शरद यादव कहले कि नीतीश सरकार में बईठल लोग जनता से कईल वचन के तूरले बाड़े। अब अयीसना में आवे वाला चुनाव में जनता एनडीए के सजा दिही अवुरी महागठबंधन के जीत होई।

भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष नित्यानंद राय कहले कि तीन मार्च के एनडीए के संकल्प रैली में आवेवाला लोग से समूचा गांधी मैदान भर जाई। पटना के सड़क प भारी भीड़ रही।

जदयू के राष्ट्रीय महासचिव आ राज्यसभा में पार्टी के संसदीय दल के नेता आरसीपी सिंह कहले कि तीन मार्च के एनडीए संकल्प रैली के आयोजन कईले बिया। एकरा में बिहार के जनता देश के मजूबत बनावे के संकल्प लिहि। उ कहले कि ए रैली में सभे 38 जिला के 534 प्रखंड, सभे पंचायत अवुरी नगर निकाय के लोग भारी संख्या में अईहे। एकरा में एनडीए के ताकत देखाई दिही।

आरसीपी सिंह कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के नेतृत्व में होखे वाला ए रैली से लोग में इ संदेश जाई कि राज्य के सभे 40 लोकसभा सीट प एनडीए चुनाव जीती।

उहें, राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष रघुवंश प्रसाद सिंह राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) के तीन मार्च के राजधानी पटना के गांधी मैदान में होखेवाला संकल्प रैली प निशाना साधत कहले कि एक ओर आतंकवाद के खिलाफ भारत पकिस्तना सीमा प घमासान छिड़ल बा। जबकि दोसरा ओर एनडीए के ओर से रैली के आयोजन क राजनीति चमकावे के कोशिश कईल जाता।

रघुवंश प्रसाद सिंह प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प ताना मारत कहले कि देश के जवान सीमा प आतंकी के संगे जूझतारे। समूचा देश में युद्ध के माहौल बनल बा अवुरी उ (प्रधानमंत्री) रैली क पार्टी के पक्ष में माहौल बनावे में लागल बाड़े।

राजद नेता आगे कहले कि प्रधानमंत्री मोदी रैली के माध्यम से जनता के भटकावे के कोशिश करतारे। उ कहले कि देश सर्वोपरि बा जबकि राजनीति ओकरा से नीचे बा। रघुवंश प्रसाद कहले कि सीमा प हमनी के जवान लड़तारे अवुरी प्रधानमंत्री मोदी आपन पीठ थपथपावे के काम करतारे। उ कहले कि अबकी बेर भाजपा के कवनो हाल में हटावे के बा।

  • Share on:
Loading...