जादू-टोना के आरोप में 2 महिला के पीट-पीट के हत्या, लाश बरामद

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में जादू-टोना करे के आरोप में दु महिला के लाठी-डंडा से मार-पीट के मुआ दिहल गईल। ओकरा बाद गांव के लोग दुनों लाश के पथरी पहाड़ी के भीरी गाड़ देले। मरेवाला परिवार के ओर से ए मामला में केस दर्ज करवला के बाद पुलिस लाश के बरामद क लेलस अवुरी आरोपी के खिलाफ कार्रवाई के तैयारी में जुट गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, मुंगेर जिला के लड़ैयाटाड़ थाना क्षेत्र के सवैया गोपालीचक गांव में दु बुजुर्ग महिला के गांव के 8 लोग डायन बता के लाठी-डंडा से पीट-पीट के जान ले लिहले। मरेवाली महिला सवैया गांव निवासी स्व. गाजो मांझी के पत्नी प्रमिला देवी (65 साल) अवुरी स्व. वैशाखी मांझी के पत्नी कपूरवा देवी(70 साल) रहली। घटना रविवार 24 फरवरी के बतावल जाता।

मरेवाली महिला के परिवार मुंशी मांझी बतवले कि गांव के करीब 8 लोग उनुका महतारी आ एगो दोसर महिला के डायन बता के घर से खींच के पीट-पीट के मुआ देले। ओकरा बाद लाश के पथरी पहाड़ी के भीरी ले जाके गाड़ देले। संगही धमकी देले कि मामला के शिकायत थाना में कईला प जान से मार दिहल जाई।

बतावल जाता कि गांव के साधु मांझी के बेटा मनीष (30 साल) पछिला 15 दिन से बेमार चलत रहले। जेकर इलाज के दौरान 24 फरवरी के मौत हो गईल।

ए मामला में मनीष के महतारी नीरू के कहनाम रहे कि उनुकर बेटा (मनीष) प जादू टोना कईल रहे। जवना से ओकरा समूचा शरीर में जलन होखत रहे।

बतावल जाता कि जलन के शिकायत के संगही मनीष के शरीर से चमड़ी झुलस के गिरे लागल रहे। परिवार के लोग जब मनीष के डॉक्टर से देखवले त डॉक्टर के बेमारी समझ में ना आईल। जेकरा बाद मनीष के परिवार शक के आधार प दुनों बुजुर्ग महिला प्रमिला देवी अवुरी कपूरवा देवी के डायन बता के पीट-पीट के हत्या क देले।

ए मामला में परिवार के ओर से केस दर्ज करवला के बाद पुलिस दुनों लाश के शुक्रवार के बरामद क लेलस अवुरी आरोपी के खिलाफ कार्रवाई करत पांच लोग के गिरफ्तार क पूछताछ करतिया।

  • Share on:
Loading...