युवक के सुतला में गोली मार के हत्या, आरोपी फरार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में बेखौफ अपराधी ताबड़तोड़ गोली चलावत एगो युवक के जान ले लिहले। घटना के सूचना प मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस अवुरी मामला के छानबीन में जुट गईल।

घटना पश्चिमी चंपारण जिला के बेतिया के बतावल जाता। घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक मुफ्फसिल थाना क्षेत्र के आईटीआई धांगड़टोली में बेखौफ अपराधी एगो युवक के गोली मार के हत्या क देले। युवक के पहचान नीरज कुमार वर्मा के रूप में भईल बा। मरेवाला युवक गोपालपुर थाना क्षेत्र के वैशखवा के रहेवाला रहले अवुरी आईटीआई के भीरी घर के निर्माण करवावत रहले।

जानकारी के मुताबिक, जहां मकान बनत रहे उहाँ गुरुवार के रात में नीरज सुतल रहले। एही बीच अपराधी उहाँ पहुँच के बेरहमी से उनुका माथा में गोली मार देले। जवना नीरज के जगहे प मौत हो गईल।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। फिलहाल पुलिस मामला के छानबीन करत आरोपी के पता लगावे के कोशिश करतिया।

हालांकि, पुलिस ए घटना के पीछे जमीन से जुड़ल विवाद मानतिया। बतावल जाता कि जमीन के चलते एकरा से पहिलहू कई बेर विवाद भईल रहे। ए चलते मानल जाता कि युवक के हत्या जमीन के चलते भईल बा।

  • Share on:
Loading...