बारात में नागिन धुन बजावे से मना करे प फायरिंग, बैंड मास्टर के गोली मार के हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में आईल एगो बारात में नागिन डांस के धुन ना बजावे प बैंड मास्टर के गोली मार के हत्या क दिहल गईल। गोली मरला के बाद आरोपी मौका से फरार हो गईल। घटना के बाद मौका प भगदड़ मच गईल। घटना के सूचना प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। संगही आरोपी के पता लगावे के कोशिश करतिया।

घटना कैमूर जिला के भभुआ थाना क्षेत्र के बतावल जाता। जानकारी के मुताबिक रविवार के रात में रोहतास जिला के बडहरी थाना के करहगर से बारात आईल रहे। बियाह समारोह में लोग डीजे प डांस करत रहले।

ए बीच आचानक चंदन सिंह नाम के एगो युवक शामियाना में पहुंचल अवुरी शामियाना में आवते ताबड़तोड़ फायरिंग करत स्टेज के भीरी कुर्सी लगा के बईठ गईल। कुर्सी प बईठला के बाद चंदन बैंड मास्टर से नागिन डांस के फरमाइश कईले।

बतावल जाता कि आयोजक अवुरी बैंड मास्टर तनिका देर बाद नागिन डांस के धुन बजावे के बात कहले। अतना सुनते चंदन आग बबूला हो गईले अवुरी बैंड मास्टर धीरेंद्र के गोली मार देले। जवना से बैंड मास्टर के जगहे प मौत हो गईल। मरेवाला धीरेंद्र राम अकासी गांव के अगरेर थाना के रोहतास के रहेवाला रहले।

मरेवाला धीरेंद्र राम अकासी गांव के अगरेर थाना के रोहतास के रहेवाला रहले। घटना के सूचना मिलते मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस।

कैमूर एस.पी दिलनवाज अहमद बतवले कि पुलिस तुरंत आरोपी चंदन के पहचान होखते घर प छापामारी कईलस, जहां से आरोपी के एगो बाइक, 11 खाली कारतूस समेत तलवार बरामद कईलस। फिलहाल आरोपी के पकड़े खाती पुलिस छापामारी करतिया।

  • Share on:
Loading...