बिहार में सड़क दुर्घटना में पाँच लोग के दर्दनाक मौत, कई घाही

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में अलग-अलग सड़क दुर्घटना में पाँच लोग के दर्दनाक मौत हो गईल। जबकि कतने लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। जानकारी के मुताबिक मधुबनी जिला में मोटरसाइकिल अवुरी ट्रैक्टर के भीषण टक्कर में बाइक सवार दु युवक के मौत हो गईल। दुर्घटना मधुबनी के लौकाही थाना के बलुआ गांव के भीरी के बतावल जाता।

एगो दोसर घटना में मोतिहारी में बाइक अवुरी ट्रैक्टर के टक्कर में बाइक चालक के जगहे प मौत हो गईल अवुरी दु लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। दुनो घाही के इलाज खाती मोतिहारी रेफर क दिहल गईल। घटना केसरिया थाना क्षेत्र के बतावल जाता।

एगो अवुरी घटना में कैमूर जिला में सड़क प तेजी से आवत गाड़ी एगो बाइक में जोरदार टक्कर मार देलस। भभुआ थाना क्षेत्र के परैया मोड़ प भईल ए दुर्घटना में दुनो राज मिस्‍त्री के मौत हो गईल।

बतावल जाता कि ठोकर से बाइक सवार दुनों राज मिस्‍त्री उछल के एगो पेड़ से टकरईला के बाद सड़क प गिर गईले अवुरी दुनो के जगहे प मौत हो गईल। मरेवाला के पहचान राजेश बिंद आ शिव मुराद बिंद के रूप में भईल बा।

मंगलवार के सबेरे छपरा में सड़क दुर्घटना में पाँच लोग घाही हो गईले। जानकारी के मुताबिक भेल्दी थाना क्षेत्र के सरायबक्स पेट्रोल पंप के नजदीक के मंगलवार के भोर में तीन ट्रक अवुरी एगो बोलेरो के बीच जोरदार टक्कर हो गईल। ए दुर्घटना में ट्रक चालक समेत पाँच लोग घाही हो गईले। सभे घाही के स्थानीय लोग के मदद से गड़खा सीएचसी में भर्ती करावल गईल। जहां से डॉक्टर इलाज के बाद ट्रक चालक उदय कुमार के गंभीर हालत के देखत पटना पीएमसीएच रेफर क देले।

बिहार के पूर्णिया में सड़क दुर्घटना में ट्रक से कचटा के एगो मोटरसाइकिल सवार घाही हो गईल। घटना मरंगा थाना के नेवालाल चौक के बतावल जाता।

  • Share on:
Loading...