बिहार में बेखौफ अपराधी दरवाजा खोलते महिला के गोली मरले, जगहे प मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में बेलगाम अपराधी एगो महिला के गोली मार के हत्या क देले। घटना के सूचना प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके मामला के छानबीन में जुट गईल। घटना औरंगाबाद जिला के बतावल जाता।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, कुटुंबा थाना क्षेत्र के पीपरा गांव में सोमवार के रात में अपराधी एगो महिला के गोली मार के हत्या क देले। मरेवाली महिला के पहचान गांव के अजय पाठक के पत्नी संगीता देवी(25 साल) के रूप में भईल बा।

बतावल जाता कि महिला अपना परिवार के संगे घर में सुतल रही। ए बीच कुछ अपराधी दरवाजा प पहुँच के दरवाजा खोले के कहले। महिला आवाज सुन के जसही अपना घर के दरवाजा खोललस, ओसही अपराधी महिला के सिर में गोली मार देले। गोली लगते महिला जमीन प गिर गईल अवुरी जगहे प मौत हो गईल।

घटना के सूचना मिलला प कुटुंबा थाना के पुलिस मौका प पहुंच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। संगही मामला के छानबीन करे में जुट गईल। फिलहाल घटना के कारण के पता नईखे चले पावल।

  • Share on:
Loading...