लालू परिवार एगो यादव लईकी के भविष्य खराब क देलस! : जदयू विधायक

लालू परिवार एगो यादव लईकी के भविष्य खराब क देलस! : जदयू विधायक

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा तेजप्रताप यादव के आपन पत्नी ऐश्वर्या से अलग होके रहल अब राजनीतिक मुद्दा बनल जाता। बिहार में सत्तारूढ़ जनता दल युनाइटेड (जदयू) के विधायक ददन पहलवान कहले कि लालू यादव के परिवार एगो यादव लईकी के भविष्य खराब क देलस। इहाँ तक कि उ 'यादव परंपरा' के हवाला देत ऐश्वर्या के बियाह तेजस्वी यादव से करावे के सलाह देले।

डुमरांव से जदयू के विधायक ददन पहलवान कहले कि "लालू यादव के बेटा तेज प्रताप जवन कईले ओकरा से यादव समाज में जग हंसाई होखता। एगो लईकी के भविष्य के लालू यादव के परिवार बर्बाद क देलस। लालू यादव के जतना जल्दी हो सके बिहार के यादवी परंपरा के तहत ऐश्वर्या के बियाह आपन छोट बेटा तेजस्वी यादव से करवा देवे के चाही, काहेकि उनुकर बड़ बेटा तेजप्रताप साधु हो गईल बाड़े।"

उ आगे कहले कि "यादव समाज में अयीसना परंपरा रहल बा कि जदी बड़ भाई के संगे कुछ घटना घट जाता चाहे उ बियाह के बाद साधु हो जाता, त अयीसना में ओकरा पत्नी के बियाह ओकरा छोट भाई से करा दिहल जाला। जवना से घर के इज्जत घर में रह जाला। जदी लालू यादव अयीसन ना करीहे त उ यादव बिरादरी में कतहू जाए लायक ना बचिहे।"

ददन यादव कहले कि ऐश्वर्या बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री दारोगा राय के पोती हई। ऐश्वर्या पढ़ल-लिखल अवुरी प्रतिष्ठित परिवार के लईकी हई। अयीसन प्रतिष्ठित परिवार के बेटी के इज्जत बचावे खाती लालू यादव के जल्दी से जल्दी तेजस्वी से बियाह के कदम उठावे के चाही। लालू प्रसाद के यादव जाति के बड़का नेता बतावत ददन पहलवान कहले कि समाज के एगो बेटी के इज्जत अब उनुके हाथ में बा।

मालूम रहे कि तेजप्रताप यादव के बियाह पछिला साल 12 मई के ऐश्वर्या राय से भईल रहे। तेजप्रताप बियाह के कुछ महीना बाद नवंबर में ऐश्वर्या से तलाक लेवे के खाती अदालत में अर्जी दे देले, जवना प अभी सुनवाई चलता। बतावल जाता कि तलाक के अर्जी देला के बाद तेजप्रताप अपना परिवार से अलग रहतारे।

  • Share on:
Loading...