बेटी के प्रेम बियाह से खिसियाइल बाप दामाद के गोली मार के मुआ देलस

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के हाजीपुर में एगो बेटी के घर से भाग के प्रेम बियाह करे से खिसियाइल बाप अपना दामाद के गोली मार के मुआ देलस। घटना के बाद आरोपी उहाँ से फरार हो गईल। घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके मामला के छानबीन में जुट गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, बुधवार के सबेरे करीब पाँच बजे नगर थाना क्षेत्र के कौनहारा घाट नेपाली छावनी के नजदीक किराया के मकान में रहेवाला रूपेश कुमार तिवारी के दु बदमाश गोली मार के हत्या क देले। हत्या के पीछे प्रेम बियाह बतावल जाता।

परिवार के मुताबिक, रूपेश 18 फरवरी के दानापुर के रहेवाली तारा कुमारी से प्रेम बियाह कईले रहले। लेकिन लईकी के बाप के इ रिश्ता मंजूर ना रहे अवुरी हमेशा रूपेश के जान से मारे के धमकी देत रहले। हत्या के आरोप तारा के पिता मुकुल बाबा अवुरी शूटर नाम के एगो युवक प लगावल जाता।

मरेवाला के पत्नी तारा कुमारी गोली मारे के आरोप आपन पिता अवुरी शूटर प लगावत कहली कि उनुकर पति के हत्या पिता मुकुल बाबा कईले बाड़े। तारा बतवली कि, उ अपना मर्जी से बियाह कईले रही, जवना चलते पिता खिसियाइल रहले अवुरी जान से मारे के धमकी देत रहले।

तारा के मुताबिक, पिता सबेरे एगो शूटर के संगे घर में घुस के सुतल पति रूपेश के छाती में गोली मार देले। पति के चिल्लाए के आवाज सुन के जब तारा उहाँ पहुंचली त पिता अपना बेटी प भी बंदूक तान के जान से मारे के धमकी देत निकल गईले।

बतावल जाता कि तारा कुमारी के घर पटना के दानापुर में बा। मरेवाला रूपेश दानापुर में काम करत रहले। रूपेश मूल रूप से लालगंज के रहेवाला रहले।

घटना के सूचना प हाजीपुर के एएसपी महेंद्र कुमार बसंत्री नगर थाना के पुलिस के संगे मौका प पहुंचले। पुलिस घटनास्थल से तीन खोखा बरामद कईलस। फिलहाल पुलिस हत्या के आरोपी के गिरफ्तारी खाती छापामारी करतिया।

  • Share on:
Loading...