जयमाला के समय फायरिंग, गोली लागे से दुल्हिन के भाई के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में जयमाला के दौरान होखत फायरिंग में गोली लागे से दुल्हिन के भाई के मौत हो गईल। ए घटना से एक पल में खुशी के माहौल मातम में पसर गईल। घटना के बाद बियाह समारोह में भगदड़ मच गईल। घटना के सूचना प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। संगही आरोपी के गिरफ्तारी खाती छापामारी करतिया।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, शुक्रवार के भोजपुर जिला के बिहिया थाना क्षेत्र के जमुआ गांव में बारात आईल रहे। बारात जमुआ निवासी डीलर संतोष ओझा के बेटी के धोबहां उपथाना के महुली से आईल रहे।

बतावल जाता कि बारात दुआरे लगला के बाद जयमाला के रश्म होखत रहे। दूल्हा-दुल्हिन एक दोसरा के जयमाला पहिरावत रहले। ए बीच खुशी के मौका प बारारती के ओर फायरिंग होखे से दुल्हिन के फुफेरा भाई के गोली लाग गईल। गोली लागे से गंभीर रूप से घाही ब्रजेश दुबे के मौका प मौजूद लोग बिहिया अस्पताल ले गईले। जहां से डॉक्टर इलाज खाती आरा रेफर क देले, लेकिन आरा पहुंचे से पहिले ब्रजेश के रास्ता में ही मौत हो गईल।

मरेवाला के पहचान शाहपुर थाना क्षेत्र के साहूडीह निवासी स्व. दखल दूबे के बेटा ब्रजेश कुमार दूबे (35 साल) के रूप में भईल बा। ब्रजेश सीए आ सॉफ्टवेयर के कोर्स क अपना गांव में स्कूल चलावत रहले। ब्रजेश के बियाह पाँच साल पहिले भईल रहे। उनुका एगो छोट बच्चा बाटे।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। फिलहाल पुलिस मामला के छानबीन करत आरोपी के तलाश में जुटल बिया।

  • Share on:
Loading...