मुंडन करवा के बिहार से झारखंड जात एकही परिवार के 10 लोग के सड़क दुर्घटना में मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

झारखंड के रामगढ़ में ट्रक अवुरी कार के भीषण टक्कर में एकही परिवार के 10 लोग के मौत हो गईल। बतावल जाता कि ए दुर्घटना में मरेवाला लोग बिहार के भोजपुर अवुरी बक्सर के रहले। इ लोग बच्चा के मुंडन करवला के बाद बिहार से रांची के हटिया जात रहले। घटना के सूचना मिलते पुलिस मौका प पहुंच गईल बिया।

बतावल जाता कि शनिवार के भोर में करीब चार बजे कुजू उपथाना क्षेत्र में बिरसा चौक के भीरी ट्रक अवुरी कार के बीच जोरदार टक्कर हो गईल। एकरा में बिहार के भोजपुर जिला के पिहिया गांव के मूल निवासी सत्यनारायण सिंह अवुरी उनुका परिवार के मौत हो गईल। सत्यनारायण सिंह अपना नाती के मुंडन करवा के इनोवा कार से आरा से हजारीबाग होखत रांची के हटिया जात रहले।

स्थानीय लोग के बतवला मुताबिक, कुजू उपथाना क्षेत्र में बिरसा चौक के नजदीक शनिवार के भोर के करीब चार बजे रांची से हजारीबाग जात ट्रक अवुरी कार में जोरदार टक्कर हो गईल। टक्कर अतना तेज रहे कि इनोवा में सवार 10 लोग के जगहे प मौत हो गईल।

पुलिस आधार कार्ड से सत्यनारायण सिंह (73 साल) के पहचान कईले बिया। दुर्घटना में सत्यनारायण सिंह के बेटा के अलावे उनुकर दु बेटी, दु दामाद, दु नतिनी अवुरी एगो नाती के मौत हो गईल।

बतावल जाता कि दुनों गाड़ी के बीच टक्कर अतना तेज रहे कि कई लाश कार में फंस गईले रहे जेकरा के दु क्रेन के मदद से बहरी निकालल गईल। मौका प पहुंचल कुजू पुलिस कार में दबाइल लाश के निकाल के पोस्टमार्टम खाती रामगढ़ सदर अस्पताल भेज देलस।

खबर के मुताबिक सभे लोग आरा से मुंडन करवा के वापस रांची जात रहले। पुलिस के मुताबिक कार से शराब के बोतल बरामद भईल बा। अयीसना में पुलिस के शक बा कि ड्राइवर शऱाब पियला के बाद गाड़ी चलावत रहे अवुरी शराब के नशा में धुत कार चालक सोझा से आवत ट्रक में टक्कर मार देलस। ए दुर्घटना में ट्रक ड्राइवर समेत सभे दस लोग के मौत हो गईल।

  • Share on:
Loading...