भाजपा-जदयू अवुरी लोजपा गठबंधन के संगे 51 प्रतिशत से अधिका मतदाता बाड़े: केसी त्यागी

भाजपा-जदयू अवुरी लोजपा गठबंधन के संगे 51 प्रतिशत से अधिका मतदाता बाड़े: केसी त्यागी

लोकसभा चुनाव 2019 के तारीख के घोषणा होखते बिहार में एनडीए के घटक दल के बीच सीट तय करे खाती हलचल बढ़ गईल। बिहार में लोकसभा के 40 सीट बा। जवना में भाजपा 17, जदयू 17 अवुरी लोजपा 6 सीट प चुनाव लड़े वाली बिया।

जदयू के प्रधान महासचिव केसी त्यागी सोमवार के कहले कि उम्मीदवार के चुनाव के प्रक्रिया करीब-करीब पूरी होखे वाला बा। कवना सीट से केकरा के चुनावी मैदान में उतारल जाए एकर प्रक्रिया अंतिम चरण में बा। एनडीए में होली से पहिले उम्मीदवार के घोषणा क दिहल जाई। उम्मेद बा कि सभे उम्मीदवार अपना घरे जाके मतदाता के बीच होली मनईहे।

केसी त्यागी कहले कि भारतीय जनता पार्टी, जदयू अवुरी लोजपा के ए गठबंधन के संगे 51 प्रतिशत से अधिका मतदाता बाड़े। 40 से 38 सीट एनडीए के प्रभाव क्षेत्र के बा। उहां कवनो चुनौती नईखे। उ कहले कि एनडीए 2019 के संगे-संगे 2020 भी जीती।

भाजपा के फायर ब्रांड नेता अवुरी मोदी सरकार में केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह के टिकट प चलत दुविधा अब खतम हो गईल। अबकी बेर बिहार के नवादा सीट से भाजपा के गिरिराज सिंह के जगह लोजपा के वीणा देवी एनडीए के उम्मीदवार होईहे।

नवादा लोकसभा सीट प लोजपा के प्रदेश अध्यक्ष पशुपति कुमार पारस साफ कईले कि इ सीट अब लोजपा के पाला में चल गईल। पारस कहले कि 18 मार्च से पहिले एनडीए के सीट अवुरी उम्मीदवार के घोषणा हो जाई।

पशुपति कुमार पारस कहले कि लोजपा के कोटा में 6 सीट मिलल बा। उ कहले कि एनडीए 40 सीट अवुरी उम्मीदवार के घोषणा एक संगे करी।

  • Share on:
Loading...