बिहार में जदयू नेता के गोली मार के हत्या, आरोपी फरार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में बेखौफ अपराधी मुखिया पति के गोली मार के हत्या क देले। घटना के जानकारी मिलते मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। संगही मामला के जांच में जुट गईल। मरेवाला के पहचान मुखिया मोमिना खातून के पति सह जदयू जिला महासचिव मोहम्मद खुशदिल के रूप में भईल बा।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक बिहार के कटिहार जिला के बलरामपुर थाना क्षेत्र के रामपुर हरदा ग्राम पंचायत के मुखिया के पति खुशदिल के बेखौफ अपराधी गोली मार के हत्या क देले।

खबर के मुताबिक, रामपुर हरदा ग्राम पंचायत के मुखिया मोमिना खातून के पति मोहम्मद खुशदिल (40 साल) गुरुवार के रात में बलरामपुर बाजार से मोटरसाइकिल से वापस अपना घरे आवत रहले। एही बीच बालूगंज गांव के नजदीक पहिले से घात लगवले अपराधी गोली मार के फरार हो गईले। गोली लागे से खुशदिल के जगहे प मौत हो गईल।

बलरामपुर के थाना प्रभारी अंजन अमन बतवले कि हत्या के कारण के अभी तक पता नईखे चले पावल। फिलहाल पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खाती अस्पताल भेज के समूचा मामला के छानबीन करतिया।

  • Share on:
Loading...