आवासीय विद्यालय में पढ़ेवाली छात्रा फांसी लगा के आत्महत्या क लेलस

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में महात्मा गांधी कस्तूरबा आवासीय विद्यालय में पढ़ेवाली आठवां कक्षा के छात्रा फांसी लगा के आत्महत्या क लेलस। बतावल जाता कि छात्रा गुरुवार के रात में बाथरूम में फांसी लगा के आपन जान दे देलस। घटना के बारे में पता चलते पुलिस मौका प पहुँच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस अवुरी समूचा मामला के छानबीन में जुट गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी मुताबिक भोजपुर जिला के आरा के चरपोखरी प्रखंड मुख्यालय के अमोरजा गांव के नजदीक महात्मा गांधी कस्तूरबा आवासीय विद्यालय में पढ़ेवाली आठवां कक्षा के छात्रा बाथरूम में फांसी लगा के आत्महत्या क लेलस।

बतावल जाता कि सेमरांव गांव के रहेवाला सत्यनारायण राम के तीसरी बेटी शकुंतला कुमारी के दु साल पहिले महात्मा गांधी कस्तूरबा आवासीय विद्यालय में कक्षा छठवां में नाम लिखाइल रहे। ओकरा बाद से उ कस्तूरबा विद्यालय में पढ़त रही।

घटना के बारे में बतावल जाता कि सेमरांव गांव के रहेवाला सत्यनारायण राम के बेटी शकुंतला कुमारी गुरुवार के रात में महात्मा गांधी कस्तूरबा आवासीय विद्यालय के बाथरूम के कुंडी में दुपट्टा से फांसी लगा के लटक गईली। शुक्रवार के सबेरे बाथरूम जाए खाती जब आवासीय विद्यालय में पढ़ेवाली छात्रा दरवाजा खोलली त शकुंतला कुमारी दुपट्टा से लटकल रही।

घटना के बारे में जानकारी मिलते मौका प पहुंचल शिक्षिका आ गार्ड तुरंत घटना के जानकारी पुलिस अवुरी प्रशासनिक अधिकारी के देले। मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती सदर अस्पताल भेज देलस।

फिलहाल पुलिस मामला के छानबीन करत कस्तूरबा विद्यालय के छात्रा आ कर्मचारी से पूछताछ करतिया। लेकिन अभी तक घटना के कारण के बारे में पता नईखे चले पावल।

  • Share on:
Loading...