झोपड़ी में आग लागे से 3 बच्चा के जर के मौत, महतारी-बेटी के हालत गंभीर

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के एगो गांव में मच्छर मारे वाला क्वायल से आग लागे से तीन बच्चा के जर के मौत हो गईल। ए घटना में महतारी-बेटी गंभीर रूप से झउंसा गईली। जेकरा के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल। घटना गोपालगंज के हजियापुर के महादलित बस्ती के बतावल जाता।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, गोपालगंज जिला के नगर थाना के हजियापुर के महादलित बस्ती में शुक्रवार के रात में मच्छर मारेवाला क्वायल से आग लाग गईल। जवना में तीन बच्चा के झउंसा के मौत हो गईल।

मरेवाला में हरेंद्र मांझी के बेटा जीतन कुमार (5 साल), सूरज कुमार (3 साल) अवुरी सोनी कुमारी (1 साल) शामिल बाड़ी। जबकि हरेंद्र मांझी के पत्नी अवुरी बेटी मानसी कुमारी (12 साल) गंभीर रूप से झउंसा गईली। दुनों के इलाज खाती सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

बतावल जाता कि बेतिया जिला के नौतन थाना क्षेत्र के मझवालिया गांव के निवासी हरेंद्र मांझी के पत्नी सुगन्ती देवी अपना चार बच्चा के लेके अपना नईहर आईल रही। उ शुक्रवार के रात में मच्छर मारेवाला क्वायल जरा के अपना चारो बच्चा के लेके सुतल रही। एही बीच क्वायल से केहु तारे आग झोपड़ी में लाग गईल अवुरी चारों ओर पसर गईल। जब तक आसपास के लोग आग बुझावे पवते, तीन बच्चा के जर के मौत हो गईल। अवुरी सुगन्ती देवी आ एक बच्ची आग में झउंसा गईली।

घटना के सूचना मिलते नगर थाना के पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम करवला के बाद परिवार के सौंप देलस। घटना के बाद से महादलित बस्ती में मातम पसर गईल।

  • Share on:
Loading...