पुलिस अवुरी अपराधी के मुठभेड़ में 3 अपराधी के मौत, दु एके-47 बरामद

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के वैशाली जिला में अपराधी अवुरी एसटीएफ के बीच मुठभेड़ में तीन अपराधी मारल गईले। संगही पुलिस मौका से दु एके-47, एक राइफल, एक पिस्टल समेत भारी मात्रा में कारतूस बरामद कईलस।

मिलल जानकारी के मुताबिक वैशाली जिला के महनार थाना के बहलोलपुर दियारा में शनिवार के भोर में पटना एसटीएफ अवुरी अपराधी के गिरोह के बीच जारी मुठभेड़ में दुनों ओर से ताबड़तोड़ गोली चलल। जवना में पुलिस के गोली से तीन अपराधी मारल गईले अवुरी पुलिस तीन अपराधी के गिरफ्तार क लेलस। मौका से भागल अपराधी के पकड़े खाती पुलिस सर्च ऑपरेशन चलावतिया।

बतावल जाता कि पुलिस के सूचना मिलल रहे कि दियारा में अपराधी लुकाइल बाड़े। जेकरा बाद पुलिस शनिवार के भोर में अपराधी के ठेकाना के चारो ओर से घेर लेलस। जेकरा बाद पुलिस के देखते अपराधी ताबड़तोड़ गोलीबारी शुरू क देले। पुलिस अवुरी अपराधी के ओर से चलल गोलीबारी में तीन अपराधी मारल गईले।

एडीजी मुख्यालय कुंदन कृष्णन घटना के पुष्टि करत बतवले कि मारल गईल अपराधी में मनीष सिंह अवुरी ओकरा गिरोह के लोग शामिल बाड़े। मनीष सिंह के गिरोह राजस्थान, जयपुर, कोटा, कोलकाता समेत कई शहर में सोना लूट के घटना में शामिल बा।

  • Share on:
Loading...