दु गुट में झड़प, फायरिंग में 2 लोग के मौत, 5 घाही

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के कैमूर जिला में आपसी विवाद में चलल गोलीबारी में दु लोग के जगहे प मौत हो गईल अवुरी पाँच लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। सभे घाही के इलाज खाती डॉक्टर बनारस रेफर क देले।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, कैमूर जिला सोनहन थाना क्षेत्र के कीर गांव में आपसी विवाद में एक पक्ष दोसरा पक्ष प गोलीबारी शुरू क देलस। बतावल जाता कि दोसरा पक्ष के लोग घर के छत प चढ़ के ताबड़तोड़ गोली चलावे लगले, जवना से दु लोग के जगहे प मौत हो गईल अवुरी ए गोलीबारी में पांच लोग घाही हो गईले। सभे घाही के इलाज खाती अस्पताल पहुंचावल गईल जहां से डॉक्टर इलाज खाती बनारस भेज देले।

घटना के बाद खिसियाइल लोग करीब आधा दर्जन गाड़ी में आग लगा देले। घटना के सूचना मिलते एसपी दिलनवाज अहमद दल बल के संगे मौका प पहुंचले। हालात के काबू में करे खाती कई थाना के पुलिस मौका प तैनात क दिहल बा।

बतावल जाता कि दु-तीन दिन पहिले कीर गांव से हरला गांव बारात गईल रहे। बारात में कवनो बात विवाद भईल रहे। एही विवाद के चलते शनिवार के सबेरे दुनो गुट में हिंसक झड़प हो गईल अवुरी देखते-देखत गोलीबारी में दु लोग के जान चल गईल अवुरी पाँच लोग घाही हो गईले।

  • Share on:
Loading...