बिहार में अपराधी बेखौफ, दिनदहाड़े व्यापारी के गोली मार के हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में बेखौफ अपराधी दिनदहाड़े एगो व्यापारी के गोली मार के हत्या क देले। मौका प पहुंचल पुलिस के देखते गाँव के लोग भड़क गईले अवुरी पुलिस के लाश लेवे से रोक देले। घटना के बाद से इलाका में दहशत के माहौल बनल बा। घटना भोजपुर जिला के आरा के बतावल जाता। दिनदहाड़े भईल हत्या बिहार में कानून-व्यवस्था प एक बेर फिर से सवाल खड़ा करता।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक भोजपुर जिला में बाइक सवार अपराधी एगो स्वर्ण व्यापारी के गोली मार के हत्या क देले। घटना आरा नगर थाना क्षेत्र के आनंदनगर मोहल्ला के बतावल जाता। जहां रेलवे पुल के भीरी बाइक सवार अपराधी एगो स्वर्ण व्यापारी प ताबड़तोड़ फायरिंग शुरू क देले। व्यापारी के माथा में गोली लगते जगहे प मौत हो गईल।

बतावल जाता कि भोजपुर जिला के संदेश थाना निवासी रघुबीर प्रसाद सोनी के बेटा धनंजय सोनी सोमवार के सबेरे मोटर साइकिल से अपना दोकान प जात रहले। एही बीच मोटरसाइकिल सवार अपराधी उनुका प ताबड़तोड़ फायरिंग करे लगले।

घटना के बारे में मरेवाला के पिता के बतवला मुताबिक, धनंजय सोनी के केहु से कवनों तरह के झगड़ा-फसाद ना रहे अवुरी उ जादे केहु से मतलब ना राखत रहले।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस के देखते गाँव के लोग भड़क गईले अवुरी हंगामा मचावे लगले। फिलहाल मौका प पहुंचल पुलिस समूचा मामला के जांच में जुटल बिया।

  • Share on:
Loading...