नाबालिग से दुष्कर्म के बाद गर्दन दबा के हत्या, लाश बरामद

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के गया जिला में एगो नाबालिग के संगे दुष्कर्म के बाद ओकर हत्या क दिहल गईल। हत्या के बाद अपराधी लाश के गाँव के बधार में फेंक के फरार हो गईले। मामला के छानबीन करत पुलिस गांव के बधार से लाश के बरामद क लेलस। घटना के खबर फैलते इलाका में सनसनी पसर गईल।

जानकारी के मुताबिक गया जिला के आमस थाना के एगो गांव में एगो नाबालिग लईकी से दुष्कर्म के बाद अपराधी ओकर हत्या क देले। ए मामला में मरेवाली लईकी के पिता गांव के ही संतोष मांझी प शक जतवले। उ कहले कि दुष्कर्म के बाद संतोष मांझी उनुका बेटी के गर्दन दबा के हत्या क देले।

लाश बरामद कईला के बाद पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती मगध मेडिकल कॉलेज अस्पताल भेज देलस।

ए मामला में आमस थानाध्यक्ष रमाकांत तिवारी शक जतावत कहले कि हो सकता सबूत छिपावे खाती नाबालिग संगे दुष्कर्म के बाद अपराधी हत्या क लाश के बधार में फेंक के फरार हो गईले। उ कहले कि पुलिस जल्दीए घटना में शामिल अपराधी के गिरफ्तार क लिहि। फिलहाल पुलिस मामला के छानबीन करत अपराधी के तलाश में जुटल बिया।

  • Share on:
Loading...