का मोदी जी नीतीश कुमार के उनुकर डीएनए रिपोर्ट सौंपिहे: तेजस्वी यादव

का मोदी जी नीतीश कुमार के उनुकर डीएनए रिपोर्ट सौंपिहे: तेजस्वी यादव

राजद नेता आ बिहार के पूर्व उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प जोरदार हमला बोलले। तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री प हमला बोलत कहले कि आशा बा नीतीश जी आज आइना देख के मोदी जी संगे चुनाव प्रचार करे निकलिहे।

तेजस्वी अपना ट्वीट में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के बिहार आवे अवुरी चुनावी सभा के संबोधित करे के ट्वीट प हमला बोलत पछिला लोकसभा चुनाव के दौरान कईल उनुकर(मोदी) वादा के वीडियो क्लिप जारी करत जवाब मंगले कि का मोदी जी बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के उनुकर डीएनए (DNA) रिपोर्ट सौंपिहे? माने पूछतानी?

तेजस्वी अगिला ट्वीट में कहले कि 27 मार्च 2014 मतलब आज से ठीक 5 साल पहिले इ जनाब आज जहाँ रैली करे आवतारे ओहि गया के ओहि मैदान में कतना लंबा फेंक के गईल रहले। तनिका सुनी!

लगातार ताना मारत तेजस्वी कहले कि अतना पानी ले अवत रहले कि बिहारे ना झारखंड तक डूब-डूब के तर-बतर होखत रहे। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी कहाँ से झूठ बोले के अतना हौसला ले आवेनी जी?

तेजस्वी यादव ट्वीट में कहले कि 'आप बिहार के विशेष राज्य के दर्जा, विशेष पैकेज अवुरी विशेष ध्यान देवे के बात कहले रही।'

मालूम रहे कि लोकसभा चुनाव 2019 के पहिला चरण के चुनाव से पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगलवार के बिहार के जमुई अवुरी गया में चुनावी सभा के संबोधित करेवाला बाड़े।

  • Share on:
Loading...