बबुआ, बिहार विकास के पथ प आगे बढ़ चुकल बा, लोग के लालटेन ना एलईडी चाही

बबुआ, बिहार विकास के पथ प आगे बढ़ चुकल बा, लोग के लालटेन ना एलईडी चाही

जदयू के प्रवक्ता नीरज कुमार राजद नेता तेज प्रताप यादव के 'लालू-राबड़ी मोर्चा' बनावे जाए प ताना मरले। उ तेज प्रताप अवुरी तेजस्वी यादव प ताना मारत कहले कि 'केहु 'ला-रा कंपनी' बना के माल बनवलस, त केहु अब 'ला-रा मोर्चा' बना के तनक के सोझा आईल।"

जानकारी के मुताबिक, जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार मंगलवार के अपना ट्वीट में कहले कि "सामाजिक न्याय अवुरी धर्मनिरपेक्षता के लड़ाई के नाम प गरीब के ठगे वाला के आज सत्ता खाती लोकतंत्र, संविधान खतरा में देखाई देता?"

संगही, उ सवाल खड़ा करत पूछले कि लेकिन, का लोकतंत्र बचावे के लड़ाई दुष्कर्म अवुरी भ्रष्टाचार के सजायाफ्ता के नेतृत्व में ही लड़ल गईल जरूरी बा? बबुआ, के त इहो बतावे के चाही!

उ फेरु सवाल खड़ा करत कहले कि जब भ्रष्टाचार के बात होखे चाहे अवैध संपत्ति सृजन के, त तेजस्वी यादव जी के जबान लड़खड़ाए लागेला। अतना कम उम्र में अतना बेहिसाब संपत्ति के मालिक कईसे बन गईले? इहो त बता देस!

राजद के चुनाव चिह्न प निशाना साधत नीरज कुमार कहले कि 'बिहार अब विकास के पथ प आगे बढ़ चुकल बा। अब इहां के लोग के 'लालटेन' ना बालुक 'एलईडी' चाही।

जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार अगिला ट्वीट में कहले कि 'पापा' के पाप के घड़ा भरल त जेल पहुंच गईले, बेटा एने खेल करे लगले। केहु 'ला-रा' कंपनी बना के माल बनवलस, त केहु अब 'ला-रा मोर्चा' बना के तनक के सोझा आईल। केहु ना समझ पाई ए परिवार के खेल, ए चलते जनता खुद इनकर क देलस 'sale'।

मालूम रहे कि राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव 'लालू-राबड़ी मोर्चा' नाम से राजद के भीतर एगो नया राजनीतिक मोर्चा बनावे के घोषणा कईले बाड़े।

तेज प्रताप सारण के सीट प आपन ससुर चंद्रिका राय के राजद के टिकट से चुनाव लड़े के विरोध करत कहले कि इ हमनी के पुश्तैनी सीट ह अवुरी जदी उहां से उनुकर मां राबड़ी देवी चुनाव नईखी लड़त त उ खुद निर्दलीय से अपना ससुर के खिलाफ मैदान में आ जईहे।

सोमवार के प्रेस कांफ्रेंस क लोकसभा चुनाव खाती तेज प्रताप चार सीट प आपन उममीदवार खड़ा करे के घोषणा कईले अवुरी उ कहले कि उ कुल 20 सीट प आपन उम्मीदवार उतार सकतारे। उ कहले कि पिता लालू प्रसाद अवुरी माता राबड़ी देवी के आशीर्वाद उनुका संगे बा।

  • Share on:
Loading...