जदयू उम्मीदवार नामांकन से पहिले टिकट लवटवले, भाजपा नेता के जदयू आपन प्रत्याशी बनवलस

जदयू उम्मीदवार नामांकन से पहिले टिकट लवटवले, भाजपा नेता के जदयू आपन प्रत्याशी बनवलस

लोकसभा चुनाव से पहिले बिहार में एनडीए के भारी झटका लागल। बिहार के सीतामढ़ी संसदीय क्षेत्र से जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के उम्मीदवार डॉक्टर वरुण कुमार नामांकन से पहिलही आपन टिकट लौटा देले। बुधवार के उ पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष सह बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से मुलाकात क उनुका के आपन टिकट सौंप देले।

वरुण कुमार मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से मिल के चुनाव लड़े में असमर्थता जतवले। खबर के मुताबिक वरुण कुमार इ फैसला ए चलते लिहले काहेकि उनुका के जदयू समेत भाजपा के स्थानीय नेता के साथ ना मिलत रहे। जवना से उ बहुत परेशान रहले। ए चलते उ नामांकन से पहिलही टिकट लौटा देले। बिहार के सीतामढ़ी में 6 मई के मतदान होखे वाला बा।

वरूण कुमार के ए फैसला के बाद जदयू बिहार सरकार के पूर्व मंत्री अवुरी भाजपा नेता सुनील कुमार पिंटू के आपन उम्मीदवार बनवलस। जानकारी के मुताबिक, आज (बुधवार) के सुनील कुमार पिंटू जदयू कार्यालय में पार्टी के सदस्यता ग्रहण कईले अवुरी उनुका के सीतामढ़ी से जदयू उम्मीदवार बना के टिकट दे देलस।

सदस्यता ग्रहण कईला के बाद सुनील कुमार पिंटू कहले कि एनडीए मजबूत बिया अवुरी अबकी बेर एनडीए के भारी बहुमत से जीत होई। सुनील कुमार पिंटू कहले कि जदयू में आके निमन लागता। उ कहले कि, "हम खुश बानी कि नीतीश कुमार हमरा प भरोसा जतवले। हम मजबूती से चुनाव लड़ब। अयीसन सीतामढ़ी के जनता के भरोसा बा।"

मालूम रहे कि बिहार में नीतीश कुमार के जदयू, भाजपा अवुरी रामविलास पासवान के लोक जनशक्ति पार्टी के संगे मिल के लोकसभा चुनाव लड़तिया। भाजपा अवुरी जदयू 17-17 अवुरी लोजपा छव सीट प चुनाव लड़तिया।

  • Share on:
Loading...