लालू यादव चुनाव प्रचार खाती जमानत मांगतारे, कोर्ट के गुमराह करतारे: सीबीआई

लालू यादव चुनाव प्रचार खाती जमानत मांगतारे, कोर्ट के गुमराह करतारे: सीबीआई

चारा घोटाला मामला में जेल में बंद राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के जमानत के केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) विरोध कईलस। सीबीआई मंगलवार के सुप्रीम कोर्ट में एगो हलफनामा दाखिल क कहलस कि 'लालू प्रसाद यादव अस्पताल से राजनीतिक गतिविधी के संचालन करतारे। उ जेल में ना रह के अस्पताल के विशेष वार्ड में रहतारे।

सीबीआई कहलस कि लालू यादव लोकसभा चुनाव के देखत जमानत मांगतारे। उ मेडिकल आधार प जमानत मांग के कोर्ट के गुमराह करतारे। सीबीआई आगे कहलस कि लालू यादव के आपन राजनीतिक गतिविधी के आगे बढ़ावे खाती जमानत ना मिले के चाही।

सीबीआई कहलस कि जदी, सभे सजा के जोड़ के देखल जाए त लालू यादव के साढ़े तीन साल के सजा ना बालुक 27.5 साल के जेल भईल बा। राज्य के मुख्यमंत्री के रूप में लालू के नापाक हरकत समूचा देश के अंतरात्मा के हिला के राख़ देलस। मालूम रहे कि ए मामला प सुप्रीम कोर्ट अब बुधवार 10 अप्रैल के सुनवाई करी।

मालूम रहे कि लालू यादव उम्र अवुरी बेमारी के आधार प सुप्रीम कोर्ट में जमानत याचिका दायर कईले बाड़े। सुप्रीम कोर्ट 15 मार्च के सीबीआई के नोटिस जारी क जवाब मंगले रहे। लालू याचिका में कहले रहले कि एगो मामला में 22 महीना, दूसरा मामला में 13 महीना अवुरी तीसरा मामला में 21 महीना के सजा काट चुकल बाड़े।

बिहार के सियासत में राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बड़ भूमिका रहल बा। अयीसना में लालू के समर्थक के उनुकर कमी खलता। लालू समर्थक के उम्मेद बा कि लोकसभा चुनाव से पहिले उ जमानत प छूट जईहे। अयीसना में आवे वाला समय बताई कि चुनाव से पहिले लालू के जमानत मिलता की ना।

  • Share on:
Loading...