कीर्ति आजाद बिहार छोड़ झारखंड चलले, भाजपा कहलस- जे जईसन करेला ओकरा ओईसने भोगे के पड़ेला!

कीर्ति आजाद बिहार छोड़ झारखंड चलले, भाजपा कहलस- जे जईसन करेला ओकरा ओईसने भोगे के पड़ेला!

भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) छोड़ के कांग्रेस में शामिल भईल कीर्ति झा आजाद के बारे में आज तक इहे अंदाजा लगावल जात रहे कि आखिर कीर्ति आजाद कहां से चुनाव लड़िहे। कीर्ति आजाद के पहिला पसंद दरभंगा रहल जवन कि राजद के कोटा में चल गईल बा। अयीसना में बिहार के दरभंगा से तीन बेर के सांसद रहल कीर्ति झा के झारखंड के धनबाद भेज दिहल गईल। आजाद अब धनबाद से लोकसभा चुनाव लड़िहे।

ए बीच कांग्रेस कीर्ति आजाद के दरभंगा से धनबाद भेजे जाए प आपन सफाई देलस। कांग्रेस पार्टी के प्रवक्ता राजेश राठौड दावा कईले कि कीर्ति आजाद कबहु दरभंगा से चुनाव लड़े के दावेदारी पेश ना कईले रहले। संगही, कहले कि कीर्ती आजाद वरिष्ठ नेता हवे। उ जवना सीट से चहते चुनाव लड़ सकत रहले। उनुका पसंद के मुताबिक उनुका के धनबाद सीट दिहल गईल बा।

कांग्रेस नेता कहले कि झारखंड आजाद के पैत्रिक निवास ह। झारखंड से चुनाव लड़े के चलते झारखंड में भी कांग्रेस मजबूत होई। ए चलते कीर्ति आजाद के धनबाद से चुनाव लड़े के फैसला पार्टी के हित में बा।

उहें, कीर्ति आजाद के बिहार से झारखंड भेजे जाए प भाजपा के उपाध्यक्ष देवेश कुमार ताना मारत कहले कि सीट के बंटवारा में लालू प्रसाद यादव कांग्रेस के बेइज्जती कईले बाड़े। कांग्रेस अब कीर्ति आजाद के बेइज्जती क देलस। पार्टी आजाद के अयीसना सीट से चुनाव लड़े खाती भेज देलस जवन भाजपा के गढ़ मानल जाला।

भाजपा नेता कहले कि भाजपा के कीर्ति आजाद के प्रति सहानुभूति बा, लेकिन एगो कहावत ह "जे जईसन करेला ओकरा ओईसने भोगे के पड़ेला"। कीर्ती आजाद के संगे ओइसने होखता।

  • Share on:
Loading...