बिहार में अपराधी बेखौफ, सरेआम बसपा नेता के गोली मार के हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

एक ओर लोकसभा चुनाव खाती बिहार में पहिला चरण के मतदान गुरुवार 11 अप्रैल के होखे वाला बा। चुनाव आयोग अवुरी शासन एकरा तैयारी में जुटल बा। एने, बिहार में बेखौफ अपराधी सरेआम बसपा नेता के गोली मार के हत्या क देले। मौका प पहुंचल पुलिस लाश के कब्जा में लेके मामला के छानबीन में जुट गईल। घटना पटना से सटल बिहटा के बतावल जाता।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, बिहटा थानाक्षेत्र में रामबाग कॉलेज के पीछे बेखौफ अपराधी मंगलवार के रात में बसपा नेता जितेंद्र सिंह के गोली मार के हत्या क देले। बुधवार के सबेरे लोग के ए घटना के जानकारी मिले प पुलिस के सूचना देले।

बतावल जाता कि जितेंद्र सिंह अपना मोटरसाइकिल से रात में घरे आवत रहले। ए बीच मौका के तलाश में छिपल अपराधी गोली मार के फरार हो गईले। गोली लगते बसपा नेता के जगहे प मौत हो गईल।

जानकारी के मुताबिक बिहटा के किशुनपुर के रहेवाला जितेंद्र सिंह बसपा के बिहटा प्रखंड के कोषाध्यक्ष रहले। संगही उ जमीन के कारोबार करत रहले। जितेंद्र पटना नगर निगम कॉर्पोरेशन में अनुबंध प नौकरी भी करत रहले।

बतावल जाता कि जितेंद्र सिंह जमीन देवे के बदला में दर्जनों लोग से लाखों-करोड़ रुपया लेले रहले। जमीन चाहे बकाया रुपया के लोग लगातार मांग करत रहले। दु दिन पहिले रुपया के लेनदेन में जितेंद्र सिंह के मोबाइल प जान से मारे के धमकी मिलल रहे।

घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका प पहुंच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। संगही मामला के छानबीन में जुट गईल। फिलहाल घटना के कारण के बारे में पता नईखे चले सकल।

  • Share on:
Loading...