मोदी के सत्ता में दोबारा आवे प महामिलावटी गिरोह के भ्रष्टाचार-वंशवाद के राजनीति के दोकान बंद हो जाई

मोदी के सत्ता में दोबारा आवे प महामिलावटी गिरोह के भ्रष्टाचार-वंशवाद के राजनीति के दोकान बंद हो जाई

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भागलपुर में एगो चुनावी रैली के संबोधित करत कहले कि 'महामिलावटी' गिरोह के डर बा कि मोदी के सत्ता में दोबारा आवे प उनुकर भ्रष्टाचार अवुरी वंशवाद के राजनीति के दोकान बंद हो जाई। मोदी कहले कि एनडीए सरकार के नीति साफ बा। आतंकवाद से अवुरी नक्सलवाद से निपटे खाती जवान के खुला छूट दिहल जाई।

प्रधानमंत्री मोदी एनडीए के उम्मीदवार के पक्ष में चुनावी सभा के संबोधित करत कहले कि जवना बंदिश से निकले खाती देश के 130 करोड़ जनता छटपटात रहे, ओ बंदिश के हम तुर देनी। अब समूचा दुनिया में पाकिस्तान के घास डाले वाला केहु नईखे बाचल।

नरेंद्र मोदी कहले कि 'महामिलावटी' गिरोह के डर बा कि मोदी के सत्ता में दोबारा आवे प उनुकर भ्रष्टाचार अवुरी वंशवाद के राजनीति के दोकान बंद हो जाई।

उ राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के परिवार प निशाना साधत कहले कि, 'बड़का-बड़का फार्म हाउस वाला, महल जईसन बंगला बनावे वाला नामी-बेनामी संपत्ति खड़ा करे वाला के आप लोग बहुत देखले बानी। ओकरा से अलग, आपके इ चौकीदार आपके चूल्हा-चौका के ध्यान में रखलस।

मोदी विरोधी दल के गठबंधन के एक बेरु फेरु से महामिलावटी बतावत कहले कि इ सभे नेता डेराइल बाड़े, ए चलते जनता के बीच डर फैलावतारे। उ कहले कि कबहू आरक्षण खत्म करे के डर त कबहू चुनाव खतम करे के डर, इ विपक्षी के डर उनुकर हताशा बतावता। आवे वाला समय में इ टुकड़ा-टुकड़ा गैंग बिखर जाई।

अपना भाषण में पाकिस्तान के चर्चा करत प्रधानमंत्री मोदी कहले कि याद करी साल 2014 से पहिले पाकिस्तान के रवैया कईसन रहे? आतंकवादी भी पाकिस्तान भेजत रहे अवुरी फेरु हमला के बाद धममी तक उहे देत रहे। कांग्रेस के अगुवाई वाली सरकार सिर्फ कागजी कार्रवाई में अझुरा के रह जात रहे।

प्रधानमंत्री मोदी भागलपुर के जनता के संबोधित करत कहले कि भागलपुरी सिल्क उद्योग के मजबूत करे खाती एनडीए के सरकार पूरा कोशिश करतिया। एहिजा जवन मेगा हैंडलूम क्लस्टर बनल बा ओकरा से इहां के बुनकर अवुरी व्यापारी के बहुत मदद होखे वाला बा। उ कई योजना के चर्चा करत कहले कि प्रधानमंत्री ऊर्जा गंगा योजना के चलते भागलपुर में सिटी गैस डिस्ट्रिब्यूशन प काम चलता। अब इहां के घर में सस्ता गैस मिले शुरु हो जाई। गाड़ी, पेट्रोल-डीजल के बजाए सीएनजी से चली।

मोदी आयुष्मान योजना के चर्चा करत कहले कि बड़का अस्पताल में पहिले अमीर लोग के पहुंच होखत रहे, लेकिन मोदी सरकार आयुष्मान भारत योजना के तहत 5 लाख तक के इलाज मुमकिन करवलस।

  • Share on:
Loading...