प्रशांत किशोर झूठ बोलतारे, इ बिहार ह इहां गप्पबाजी अवुरी जुमलाबाजी ना चली

प्रशांत किशोर झूठ बोलतारे, इ बिहार ह इहां गप्पबाजी अवुरी जुमलाबाजी ना चली

राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के पत्नी आ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी खुलासा करत कहली कि जनता दल यूनाइटेड(जदयू) के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष अवुरी राजनीतिक रणनीतिकार प्रशांत किशोर राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव से मुलाकात कईले रहले। उ कहली कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के दूत बन के उ लालू यादव से पाँच बेर मिलल रहले।

राबड़ी देवी कहली कि, "खुद हमरा सोझा लालू जी से प्रशांत किशोर कहले कि आप दुनों (लालू-नीतीश) फेरु से एक संगे हो जाई। लेकिन हमनी के एकर विरोध कईनी काहेकि हमनी के नीतीश कुमार प भरोसा नईखे। हम खुद प्रशांत किशोर के अपना घर से बहरी निकाल देनी।"

राबड़ी देवी साफ कहली कि प्रशांत किशोर झूठ बोलतारे कि उ लालू-नीतीश के एक संगे ले आवे के कोशिश नईखन कईले।

राबड़ी देवी एनडीए सरकार के लुटेरा बतावत एनडीए के उम्मीदवार के हरावे खाती आमलोग से निहोरा कईली। राबड़ी कहली कि एनडीए सरकार आम लोग के मोटा कमाई के पईसा खा लेलस। ए चलते जनता एनडीए के उम्मीदवार के वोट मत देवे। एनडीए के सरकार ना बने से विकास के काम होई।

उहें, बिहार में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव केंद्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह प ताना मारत कहले कि इ बिहार ह अवुरी इहां गप्पबाजी अवुरी जुमलाबाजी ना चली। जब कबहु इहां आई त ए बात के जरूर ध्यान राखी।

तेजस्वी पहिला चरण के मतदान के बाद ट्वीट क जमुई, नवादा, औरंगाबाद अवुरी गया के मतदाता के 'मतदाता मालिक' कह के उनुका के हार्दिक धन्यवाद देले। उ ए चरण के मतदान के निमन शुरुआत बतावत कहले कि इ आधा सफलता के निशानी ह।

  • Share on:
Loading...