घर के बहरी सुतल साधु के ईंट-पत्थर से कुच के बेरहमी से हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में बेखौफ अपराधी घर के बहरी सुतल एगो साधु के ईंट-पत्थर से कुच के हत्या क देले। घटना के सूचना मिलते मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके मामला के छानबीन में जुट गईल। घटना भोजपुर जिला के बतावल जाता।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, भोजपुर जिला में गुरुवार के रात में घर के बहरी सुतल साधु के बेरमही से ईंट-पत्थर से कुच के हत्या क दिहल गईल।

बतावल जाता कि सिकरहटा थाना क्षेत्र के कुरमुरी गांव के नजदीक आपन कुटिया में एगो साधु रहत रहले। साधु गर्मी के दिन में घर के बहरी बनल कुटिया में सुतत रहले। जेकर गुरुवार के रात में बेरमही से हत्या क दिहल गईल।

शुक्रवार के सबेरे गाँव के लोग देखले कि साधु खून से सनाइल पड़ल बाड़े। जेकरा माथा अवुरी समूचा शरीर ईंट-पत्थर से कुच दिहल रहे अवुरी साधु के मौत हो गईल रहे। घटना के खबर फैलते भारी भीड़ जमा हो गईल।

घटना के सूचना मिलते सिकरहटा थाना के पुलिस मौका प पहुंच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। फिलहाल पुलिस मामला के छानबीन करत हत्या के कारण अवुरी अपराधी के पता लगावे के कोशिश करतिया।

  • Share on:
Loading...