प्रेम-प्रसंग के विवाद में बुजुर्ग के बेरहमी से पीटाई, जहर पिआ के हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में प्रेम-प्रसंग के विवाद में वार्ड सदस्य सह चाय दोकानदार के लोहा के छड़ से मार-मार के अधमरा क दिहल गईल। अतना से मन ना भरल त जहर पीआ के ओकर हत्या क दिहल गईल। घटना से खिसियाइल गाँव के लोग लाश के सड़क प राख के आगजनी कईले अवुरी घटना में शामिल लोग के गिरफ्तारी के मांग खाती प्रदर्शन कईले।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, सीतामढ़ी जिला के पुनौरा थाना के पमरा गांव में प्रेम-प्रसंग के विवाद में कुछ लोग चाय दोकानदार के मारला-पीटला के बाद ओकरा के जहर पिआ के हत्या क देले। घटना बुधवार के बतावल जाता।

गुरुवार के सबेरे घटना से खिसियाइल लोग लाश के सड़क प राख़ के टायर जरा के घटना में शामिल लोग के गिरफ्तारी के मांग खाती प्रदर्शन कईले। मरेवाला के पहचान पुनौरा थाना क्षेत्र के पमरा निवासी रूपन बैठा(50 साल) के रूप में भईल बा।

मरेवाला के बेटा ओमप्रकाश बैठा के बयान प थाना में प्राथमिकी दर्ज क लिहल गईल। जवना में गाँव के करीब आठ लोग के आरोपित बनावल गईल।

मरेवाला के बेटा ओम प्रकाश बैठा के बतवला मुताबिक बुधवार के सबेरे सभे आरोपित उनुका चाय के दोकान प पहुंचले। उहाँ उनुका पिता के संगे पहिले के विवाद प गारी-गलौज शुरू क देले। ओकरा बाद सभे लोग मिल के पिता के पकड़ लिहले अवुरी लोहा के छड़ से पिटाई करे लगले। पिता के पीट-पीट के अधमरा कईला के बाद कीटनाशक पदार्थ पिआ देले। जवना से रूपन बैठा के मौत हो गईल।

खबर के मुताबिक करीब 10 दिन पहिले मरेवाला के बेटा गांव के एगो लईकी के भगा के ले गईल। उ लईकी अभी तक गायब बिया। लईकी के परिवार के लोग मरेवाला प आपन लईकी के बरामद करावे के दबाव देत रहले। अवुरी बेटा के सुधार लेवे के चेतावनी दिहल जात रहे।

घटना के सूचना मिलते पुनौरा थानाध्यक्ष पंकज कुमार आ थानाध्यक्ष रघुनंदन राम घटनास्थल प पहुंच के खिसियाइल लोग के समझा-बूझा के शांत करवले अवुरी लाश के अपना कब्जा में लेके सदर अस्पताल में पोस्टमार्टम खाती भेज देले। पोस्टमार्टम के बाद लाश के परिवार के सौंप दिहल गईल। फिलहाल पुलिस समूचा मामला के छानबीन में जुटल बिया।

  • Share on:
Loading...