पत्रकार के बेटा के हत्या, मांझी कहले- सत्ता में बईठल लोग बेशर्म, सिर्फ जनता से वोट मांगतारे

पत्रकार के बेटा के हत्या, मांझी कहले- सत्ता में बईठल लोग बेशर्म, सिर्फ जनता से वोट मांगतारे

बिहार के नालंदा में पत्रकार के बेटा के बेरहमी से हत्या करे प पूर्व मुख्यमंत्री आ हम पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जीतन राम मांझी बिहार सरकार प निशान सधले। उ कहले कि सत्ता में बईठल लोग के लाज(शर्म) लागे के चाही। लेकिन इ लोग बेशर्म बाड़े, इ लोग सिर्फ जनता से वोट मांगतारे।

जीतन राम मांझी एगो सवाल के जवाब में कि सरकार सेना अवुरी राष्ट्रवाद के नाम प वोट मांगतिया, उ कहले कि सरकार विकास में फेल हो गईल त राष्ट्रवाद के नाम प वोट मांगतिया। हिंदुस्तान अवुरी बिहार के जनता सब देखतिया।

जीतन राम मांझी आरएसएस प सवाल खड़ा करत कहले कि का अब उ हमनी के राष्ट्रवाद सिखईहे जेकरा मुख्यालय प आजूओ तिरंगा झंडा नईखे लगावल जात।

जीतन मांझी राजद प्रत्याशी के पक्ष में आयोजित चुनावी सभा के संबोधित करत कहले कि सेना प पुलवामा में आतंकी हमला एगो साजिश के तहत भईल। जदी देश के चौकीदार चौकस रहित त इ आतंकी हमला ना होईत। ए चौकीदार के साजिश के हिसाब जनता थानेदार बन के लोकसभा चुनाव में लिहि।

उ कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एगो साजिश के तहत बाबा साहेब भीमराव अम्बेडकर के ओर से दलित-पिछड़ल के संविधान में दिहल आरक्षण के खतम कईल चाहतारे।

मालूम रहे कि बिहार के नालंदा जिला के हरनौत थाना क्षेत्र के हसनपुर गांव में पत्रकार आशुतोष कुमार आर्य के बेटा चुन्नू कुमार(15 साल) के आंख फोड़ के हत्या क दिहल गईल।

  • Share on:
Loading...