महागठबंधन के मुश्किल, कांग्रेस नेता मधुबनी सीट से चुनाव लड़े के घोषणा कईले

महागठबंधन के मुश्किल, कांग्रेस नेता मधुबनी सीट से चुनाव लड़े के घोषणा कईले

बिहार के मधुबनी लोकसभा सीट प महागठबंधन के मुश्किल बढ़त देखाई देता। कांग्रेस के वरिष्ठ नेता आ पूर्व केंद्रीय मंत्री शकील अहमद मधुबनी लोकसभा सीट से चुनाव लड़े के घोषणा कईले। उ कहले कि 16 अप्रैल के नामांकन भरला के बाद 18 अप्रैल तक कांग्रेस के चिन्ह के इंतजार करब। जदी चिन्ह ना मिलल त निर्दलीय चुनावी मैदान में उतरब।

मधुबनी सीट बंटवारा के तहत विकासशील इंसान पार्टी (वीआईपी) के मिलल बा। एकरा से पहिले राजद के टिकट ना मिले से नाराज पूर्व केंद्रीय मंत्री मोहम्मद अली अशरफ फातमी मधुबनी लोकसभा सीट से महागठबंधन उम्मीदवार के खिलाफ निर्दलीय उम्मीदवार के तौर प चुनाव लड़े के घोषणा क चुकल बाड़े।

शकील अहमद सोमवार के बतवले कि, "हम पार्टी (कांग्रेस) के चिन्ह खाती निहोरा कईले बानी। हमार राहुल गांधी से बात भईल बा। कांग्रेस के प्रदेश प्रभारी शक्ति सिंह गोहिल जी से हमार रविवार के बातचीत भईल बा।" उ कहले कि 16 अप्रैल के नामांकन भरला के बाद 18 अप्रैल तक कांग्रेस के चिन्ह के इंतजार करब। जदी चिन्ह ना मिलल त निर्दलीय चुनावी मैदान में उतरब।

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता कहले कि, हमरा लागता कि जदी हम इहां से चुनाव ना लड़ब त कवनो संघर्ष ना होई। मुकाबला एकतरफा हो जाई। उ कहले कि, "हम निहोरा कईले बानी कि जईसे चतरा में कांग्रेस उम्मीदवार के खिलाफ राजद दोस्ताना मुकाबला के रूप में आपन उम्मीदवार खड़ा कईले बिया। ओसही मधुबनी में हमरा के पार्टी के चिन्ह (कांग्रेस) देके दोस्ताना मुकाबला में उतरे के अनुमति दिहल जाए। जदी चतरा सीट प दोस्ताना मुकाबला होखता त मधुबनी में काहे नईखे हो सकत। सीट बंटवारा के बाद चतरा सीट कांग्रेस के खाता में आईल रहे। लेकिन, उहां से राजद आपन चिन्ह प उम्मीदवार खड़ा क देलस।"

शकील अहमद आगे कहले कि दूसरा सुपौल के उदाहरण बा जहां कांग्रेस उम्मीदवार रंजीत रंजन के खिलाफ राजद एगो निर्दलीय के समर्थन करतिया, ओसही हमरा के निर्दलीय के रूप में पार्टी(कांग्रेस) समर्थन दे सकतिया।

मालूम रहे कि अबकी बेर महागठबंधन के घटक दल में से एक विकासशील इंसान पार्टी (वीआईपी) के मधुबनी सीट मिलल बा। वीआईपी बद्रीनाथ पुर्बे के मधुबनी से आपन उम्मीदवार बनवले बिया। पूर्वे के मुकाबला भाजपा के दिग्गज सांसद हुकुमदेव नारायण यादव के बेटा अशोक यादव से बा।

  • Share on:
Loading...