नीतीश चाचा बिहार के बर्बाद क देले, भाजपा से भागे के बहाना खोज लेले बाड़े: तेजस्वी

नीतीश चाचा बिहार के बर्बाद क देले, भाजपा से भागे के बहाना खोज लेले बाड़े: तेजस्वी

राजद नेता तेजस्वी यादव एक बेर फेरु से मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प राजनीतिक हमला कईले। उ कहले कि इनकर कवन ठेकाना बा? कब, कहां, कईसे, काहें खाती पलटी मार जईहे? संगही, उ दावा कईले कि नीतीश कुमार भाजपा से भागे के बहाना खोजतारे।

तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के 'पलटूबाज' बतावत कहले कि नीतीश चाचा बिहार के बर्बाद क देले। चार साल में चार सरकार के कलाबाजी, कुर्सीबाजी अवुरी पलटीबाजी से बिहार के अस्थिर करे वाला आदमी से विकास के उम्मेद नईखे राखल जा सकत। इनकर कवनो ठेकाना बा? कब, कहां, कईसे, काहें खाती पलटी मार जईहे? ओईसे भाजपा से भागे के बहाना खोजल जा चुकल बा।

तेजस्वी बुधवार के पटना के गांधी मैदान में आयोजित चुनावी सभा के संबोधित करत कहले कि केंद्र के भाजपा नीत सरकार संविधान आ देश हित के खिलाफ काम करतिया। ए चलते साल 2019 के चुनाव मीसा भारती चाहे महागठबंधन खाती नईखे, बालुक संविधान आ देश के बचावे खाती बा।

राजद नेता आरोप लगवले कि केंद्र के सरकार पिछड़ल, दलित के आरक्षण के खतम करे के साजिश रचतिया। देश के माहौल के बिगाड़े के कोशिश कईल जाता। ए चलते ए सरकार के सता से हटावल जरूरी हो गईल बा। उ पाटलिपुत्र संसदीय क्षेत्र से महागठबंधन के उम्मीदवार मीसा भारती के जीता के लालू प्रसाद यादव के जेल से छोड़ावे के आह्वान कईले।

मालूम रहे कि जदयू के राष्ट्रीय महासचिव केसी त्यागी बुधवार के कहले कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा देवे के मांग खतम नईखे भईल। लोकसभा चुनाव में जदयू के 15 चाहे ओकरा से अधिका सीट मिलता त पार्टी एकरा से नया सिरा से उठाई। उ कहले कि उ राम माधव के ओ आकलन के चुनौती नईखन दे सकत, जवना में कहल बा कि भाजपा के पहिले से कुछ कम सीट मिल सकता।

केसी त्यागी कहले कि साल 2014 में हिंदी बेल्ट के शत प्रतिशत सीट भाजपा के मिलल रहे। हो सकता कि ए राज्य में कुछ सीट कम पड़ जाए। लेकिन जदयू आपन भूमिका आ हरेक हालात खाती तैयार बिया।

  • Share on:
Loading...